पांच फोटो एडिटिंग एप्प, जवन कि आपके साधारण फोटो के शानदार बना दिही

पांच फोटो एडिटिंग एप्प, जवन कि आपके साधारण फोटो के शानदार बना दिही

सोश्ल मीडिया प फोटो शेयर कईल अब आम बात बन गईल बा, लेकिन फोटो शेयर करे से पहिले ओकरा के सुंदर अवुरी खूबसूरत बनावल जरूरी बा। एहसे ना कि, केहु के धोखा देवे के बा, एहसे कि सुंदर चीज़ के सुंदर ही देखाई देवे के चाही।

खास तौर प सोश्ल मीडिया शेयरिंग खातिर हमनी के पाँच गो एप्प आपके सोझा राखतानी जा, जवना से आपके फोटो सुंदर, सलोना अवुरी आकर्षक बन जाई। संगही, ए पांचो एप्प के इस्तेमाल कईल भी आसान बा।

1) सोश्ल मीडिया इमेज मेकर
सभ सोश्ल मीडिया प्लेटफ़ॉर्म, जईसे कि फ़ेसबूक, ट्विटर अवुरी टम्ब्लर के आपन-आपन, अलग-अलग फोटो साइज़ बा, एहसे जरूरी बा कि जवन फोटो आप शेयर कर रहल बानी उ ए प्लेटफ़ॉर्म के मानदंड के हिसाब से होखे। अयीसन ना होखे के स्थिति में आपके फोटो सही तरीका के देखाई ना दीहि।

ब्राउज़र आधारित 'सोश्ल मीडिया इमेज मेकर' के एकरा में महारत हासिल बा। एकरा से आप अपना फोटो के चुनल सोश्ल मीडिया प्लेटफ़ॉर्म खातिर सही आकार में ढाल सकतानी। ए फोटो एडिटिंग टूल में अलग-अलग सोश्ल मीडिया प्लेटफ़ॉर्म खातिर अलग-अलग 15 गो साइज़ बा, जवना में से एगो साइज़ आपके फोटो के सही आकार दिही।

अच्छाई – फोटो के छोट-बड़ करे से लेके सही आकार में काट के आपके सोश्ल मीडिया प्लेटफ़ार्म प सही लूक देवे के क्षमता।
बुराई - प्रोफ़ाइल पिक्चर के अलावे इ सिर्फ फ़ेसबूक प शेयर करे लायक सही आकार देवेला।
कीमत – मुफ्त।
फंक्शन – 3/5
इस्तेमाल – 4/5
शेयरिंग – 0/5

2) कैमरा+
स्मार्टफोन प फोटो एडिटिंग खातिर उपलब्ध कुछ बेहतरीन एप्प में से एक, जवन कि फोन के कैमरा के पूरा क्षमता के फोटो खिंचत घरी बेहतरीन नतीजा देवे खातिर इस्तेमाल करेला।

ए एप्प के इस्तेमाल से स्मार्टफोन के कैमरा से बेहतर नतीजा मिल सकेला। काहें कि एकरा में एगो प्रॉफेश्नल कैमरा के निहन सभे सेटिंग के सुविधा बाटे। संगही एकरा से आप फोटो के फ़ेसबूक, ट्विटर अवुरी फ्लिक्कर प शेयर भी कर सकतानी।

अच्छाई – फोटो एडिट कईला के अलावे आप बेहतर फोटो खींच भी सकीले।
बुराई – पेड एप्प, मतलब कि इस्तेमाल खातिर पईसा देवे के होई। एकरा अलावे इ सिर्फ आई-फोन अवुरी आई-पैड खातिर ही उपलब्ध बा।
कीमत – आई-फोन खातिर करीब 120 रुपया या 300 रुपया में आई-पैड खातिर।
फंक्शन – 4/5
इस्तेमाल – 4/5
शेयरिंग – 3/5 (गूगल+ अवुरी इंसटाग्राम उपलब्ध नईखे)

3) बीफँकी
इ एगो सामान्य फोटो प्रोसेसिंग-एडिटिंग एप्प ह जवना से आप अपना फोटो के एडिट कर सकतानी, इफेक्ट ड़ाल सकतानी अवुरी कोलार्ज बना सकतानी। इ ब्राउज़र से लेके स्मार्टफोन तक प चलेला। उहो एकदम मुफ्त में।

एकरा में कई तरह के फ़िल्टर अवुरी कई तरह के प्रीसेट दिहल बा जवना से आपके साधारण फोटो भी चमके-दमके लागि।

अच्छाई – ब्राउज़र, आई-फोन, आई-पैड, एंड्रॉयड खातिर उपलब्ध। संगही, कम्प्युटर से लेके, मेमोरी कार्ड अवुरी फ़ेसबूक तक से फोटो शामिल करे के क्षमता।
बुराई – फ़िल्टर अवुरी इफेक्ट में भारीपन से फोटो खराब हो सकता।
कीमत – मुफ्त।
फंक्शन – 2/5
इस्तेमाल – 3/5
शेयरिंग – 4/5

4) पिक्सलर एडिटर
मशहूर फोटो एडिटिंग एप्प, अडोबे फोटोशॉप के चुनौती देवे के क्षमता वाला पिक्सलर एडिटर मुफ्त में उपलब्ध बा। जवन काम आप साधारण तौर प फोटोशॉप में करेनी, उ सभ काम एकरा में हो सकता।

हालांकि, निजी इस्तेमाल में इ सर्वश्रेष्ठ बा, लेकिन प्रॉफेश्नल काम खातिर अभियो फोटोशॉप के चुनौती नईखे दिहल जा सकत।

स्मार्टफोन खातिर इ पिक्सलर एक्सप्रेस अवुरी पिक्सलर-ओ-मैटिक के नाम से उपलब्ध बा।

अच्छाई – बहुत जानदार अवुरी शानदार नतीजा देवेवला फ्री फोटो एडिटर।
बुराई – फोटो के महीन एडिटिंग, जईसे कर्व टोनिंग निहन काम नईखे हो सकत।
कीमत – मुफ्त।
फंक्शन – 4/5
इस्तेमाल – 4/5
शेयरिंग – 4/5

5) VSCOकैम
अभी तक के सबसे लोकप्रिय फोटो एडिटिंग एप्प में से एक, VSCOकैम के फोटो शेयरिंग के मामला में पछाड़ल तनिका मुश्किल बाटे।

ए एप्प के फ़ीचर अवुरी फ़िल्टर के बहुत निक से डिज़ाइन अवुरी इस्तेमाल में आसान कईल बाटे। संगही एकरा डिज़ाइन से स्मार्टफोन प एकरा के इस्तेमाल कईल आसान अवुरी सुविधाजनक बाटे।

अच्छाई – साफ सुथरा डिज़ाइन, कई गो सोश्ल मीडिया प्लेटफ़ॉर्म से जुडल। एंड्रॉयड अवुरी आई-ओएस खातिर उपलब्ध।
बुराई – फ़िल्टर के जादा इस्तेमाल से फोटो धुंधला या खराब हो सकता, लेकिन सामान्य इस्तेमाल में कवनो परेशानी नईखे।
कीमत – मुफ्त।
फंक्शन – 4/5
इस्तेमाल – 5/5
शेयरिंग – 5/5

  • Share on:
Loading...