सैनडिस्क के ओर से 512 GB के स्टोरेज वाला मेमोरी कार्ड भारत में लॉंच

नई दिल्ली – दुनिया के सबसे बड़ मेमोरी कार्ड निर्माता, सैनडिस्क के ओर भारत में दुनिया के सबसे जादा क्षमता वाला 'एसडी कार्ड' (मेमोरी कार्ड) पेश भईल।

मुंबई में भईल एगो समरोह में सैनडिस्क के ओर से 512 GB के डाटा क्षमता वाला, सैनडिस्क एक्सट्रीम प्रो SDXC UHS-I के लॉंच कईल गईल। कंपनी के मुताबीक इ कार्ड खास तौर प HD विडियो शूट करेवाला लोग के ध्यान में राख़त बनावल गईल बा।

सैनडिस्क के ओर से पेश ए कार्ड के बाद से हाई-डेफ़िनीशन में फोटोग्राफी अवुरी विडियो शूट करेवाला लोग के डाटा स्टोरेज के कमी से ना जूझे के परी। ए कार्ड के क्षमता एगो साधारण लैपटॉप के स्टोरेज क्षमता से जादा बा, काहें की साधारण लैपटॉप 500 GB तक ही स्टोरेज स्पेस देले, जबकि एकरा से 512 GB के स्टोरेज स्पेस मिली।

स्टोरेज क्षमता में कम्प्युटर के बराबरी करेवाला ए एसडी कार्ड के कीमत भी कम्प्युटर से जादा बाटे। हालांकि, 51,990 कीमत के ए मेमोरी कार्ड महंगा जरूर बा लेकिन एकर जरूरत भी बहुत लोग के बाटे।

मुंबई में ए 'एसडी कार्ड' के जारी करे खातिर भईल समारोह में एकरा अलावे कंपनी के ओर से अवरुओ कई गो उत्पाद के पेश कईल गईल।

कंपनी के ओर से मिलल जानकारी के मुताबीक, UHS-I के कई विकल्प में पेश कईल बा, जेकरा में 32 GB, 64 GB, 128 GB अवुरी 256 GB क्षमता के कार्ड भी उपलब्ध होई।

हालांकि, कंपनी 32GB वाला कार्ड के दाम 4,700 रुपया अवुरी 64 GB वाला कार्ड के दाम 9,700 रुपया बतवलस लेकिन 128 अवुरी 256 GB वाला कार्ड के दाम के बारे में खुलासा ना कईलस।

सैनडिस्क के दावा बा कि, भारत में आज पेश भईल 512जीबी एक्स्ट्रीम प्रो SDXC UHS-I कार्ड में 90MB/S की राइटींग स्पीड और 95MB/s के ट्रांसफर स्पीड बाटे। संगही, ए कार्ड प मौसम, नमी अवुरी झटका के कवनो असर न परी।

कंपनी ए कार्ड के आजीवन लिमिटेड वॉरन्टी संगे बाज़ार में उतरले बिया अवुरी एकरा संगे एगो अयीसन सॉफ्टवेयर भी देतिया, जेकरा से गलती से डिलीट भईल फ़ाइल के फेर से री-स्टोर कईल जा सकता। हालांकि, ए सॉफ्टवेयर के कंपनी कार्ड के संगे पैकेज नईखे कईले, जेकरा चलते एकरा के कंपनी के वेबसाइट से डाउनलोड करे के परी।

  • Share on:
Loading...