एसर E 5 सीरीज के 6गो लैपटॉप लॉन्च कईलस

नई दिल्ली : एसर भारत में अस्पायर इ सीरीज में 6गो नाया लैपटॉप लॉन्च कईलस। एसर अस्पायर इएस1-511, इ3-111, इ5-511, इ5-471, इ5-571 अवरू इ5-571जी नाम के एह लैपटॉप्स के दाम 20,999 रुपया से लेके 59,999 रुपया के बीच बा।

इ विंडोज 8 अवरू एक साल के इंटरनेशनल ट्रैवलर वारंटी के संगे आवता। अगर स्क्रीन साइज के बात कईल जाए त, इ 11.6 इंच,14 इंच अवरू 15.6 इंच मॉडल में आवता।

ई-सीरीज एह 6 मॉडल से हर रेंज में आपन उपस्थिति दर्ज करावे के कोशिश कईले बा। जईसे-जईसे दाम बढ़ता, मिले वाला लाभ भी बढ़ता। कुछ चीज एह दाम के सब लैपटॉप में मिली।

विंडोज 8.1 के संगे आवत E5 सीरिज में 12 जीबी तक मेमोरी, 1टीबी हार्ड डिस्क अवरू फोर्थ जेनरेशन इंटेल कोर i7 उपलब्ध रही। विंडोज 8.1 के सब प्रोग्राम के अलावे एमे एसर फाइनटिप कीबोर्ड अवरू 6 घंटा के बैट्री बैकअप बा। एस्पायर ई 5 सीरीज बहुत रंग में उपलब्ध बा।

  • Share on:
Loading...