बाटे शहर कलकता हे माई, जहवाँ बिराजे महाकाली
- सुनैना पांडेय |
बाटे शहर कलकता हे माई, जहवाँ बिराजे महाकाली
केई चढ़ावे माई के अक्षत-चन्दन हो केई चढ़ावे फुलहारी
सेवक चढ़ावे माई के अक्षत-चन्दन, माली चढ़ावे फुलहारी
केई चढ़ावे माई के सेनूर-कुमकुम, केई चढ़ावे फुलहारी
भक्तिन चढ़ावे माई के सेनूर-कुमकुम, मालिन चढ़ाबे फुलहारी
बाटे शहर कलकता हे माई, जहवाँ बिराजे महाकाली
First Update: 27 September, 2014 04:49 PM