निमिया के गंछिया बिराजे देवी कालिका

निमिया के गंछिया बिराजे देवी कालिका
आजु भवानी के सुमिरन कईनी

सोना के आसन, रतन सिंहासन, मईया के एह प बईठाइब हो
आजु सुमिरन कईनी

सोना के थरिया छत्तीसो मेवा काली के भोगवा लगाईब
आजु सुमिरन कईनी

सोना के झारी नीर गंगाजल काली के चरन पखारब
आजु सुमिरन कईनी

सोना के थार करपूर के बाती, काली के आरती उतारब
आजु सुमिरन कईनी

निमिया के गछिया बिराजे देवी कालिका
आजु भवानी के सुमिरन कईनी

  • Share on:
Loading...