कंप्यूटर टिप्स: बिना खर्च के अपना लैपटॉप अवुरी डेस्कटॉप के स्पीड बढ़ाई

कंप्यूटर टिप्स: बिना खर्च के अपना लैपटॉप अवुरी डेस्कटॉप के स्पीड बढ़ाई

चाहे आपके लैपटॉप भा डेस्कटॉप कतनो बढ़िया होखे, तय बा कि एक दिन आपके इच्छा जरूर होई कि उ तनिका अवुरी तेज़ काम करित।

जब कभी अयीसन बुझाए, त परेशान मत होई अवुरी पईसा खर्चा करे के बारे में त सोचबो जन करी, कुछ अयीसन ट्रिक बा, जेकरा से बिना एको रुपया खर्चा कईले आपके काम बन सकता।

जाली के जांच करी : लैपटॉप भा डेस्कटॉप से गर्मी बहरी निकले वाला जाली प कुछ सेकंड खातिर हाथ धरी, जदी निकलेवाला हावा ढेर गरम बा, त तय बा कि आपके मशीन के गति भी कम हो गईल होई। एकरा के दूर करे खातिर जाली में भरल धूर गर्दा के ब्लोवर भा ब्रुश के मदद से साफ क दिही।

विंडोज के सेटिंग्स में बदलाव करी: विंडोज आधारित हर कम्प्युटर में CPU के फ़ैन के स्पीड के कंट्रोल करे ऑप्शन होखेला। कंट्रोल पैनल में जाई , उहाँ 'पावर ऑप्शनस' प क्लिक करी।

पावर प्लान में बदलाव करत, 'मैक्सिम्म/हाई परफॉर्मेंस' ऑप्शन के सेलेक्ट करी। हालांकि आपके बैटरी पर एकर बहुत बाउर असर परी, उ पहिले के अपेक्षा कम देर तक चली, लेकिन आपके लैपटॉप के स्पीड में सुधार जरूर हो जाई

स्क्रीन के रिज़ॉल्यूशन में बदलाव: कुछ खास तरह के गेम अवुरी प्रोग्राम के चलावे खातिर आपके अपना स्क्रीन के रिज़ॉल्यूशन में बदलाव करे के पर सकेला। अगर आप अपना स्क्रीन के रिज़ॉल्यूशन कम करब त अचानक मशीन के परफॉर्मेंस में सुधार देखाई देवे लागि, लेकिन रिज़ॉल्यूशन बढ़ल त परफॉर्मेंस गिर जाई।

ग्राफिक ड्राईवर के अपडेट करी: लैपटॉप/डेस्कटॉप के बहुत सारा परेशानी के कारण ग्राफिक ड्राईवर होखेला। गलत या पूरान या बिना मेल के ग्राफिक ड्राईवर आपके परेशानी बढ़ा सकता। लगभग सभ ग्राफिककार्ड निर्माता के वैबसाइट प अपडेटेड ड्राईवर मुफ्त में उपलब्ध बा, डाउनलोड करी अवुरी इन्स्टाल क लिहि।

पेज फ़ाइल मेमोरी के साइज़ बढ़ाई: विंडोज बहुत चतुराई से आपके हार्ड-डिस्क के कुछ हिस्सा रैम के तौर इस्तेमाल करेला। हार्ड-ड्राइव के ए हिस्सा के 'पेज फ़ाइल मेमोरी' कहल जाला।

अगर आपके लागत होखे कि कम रैम के चलते आपके कम्प्युटर के गति कम हो गईल बा, त आप अपना कम्प्युटर के पेज फ़ाइल मेमोरी बढ़ा सकेनी। हालांकि, एकरा से आपके मशीन तुरंत रफ्तार त ना पकड़ी, लेकिन ओकरा रफ्तार में सुधार जरूर होई

रैम बढ़ाई: इ अंतिम उपाय हटे, एकरा के करे से पहिले हार्ड ड्राइव के डी-फ्रैगमेंट, फ़ैन के स्पीड, पेज फ़ाइल मेमोरी, ग्राफिक ड्राईवर जाईसन चीज़ प ध्यान दिहल जरूरी बा।

संगे-संगे याद राखी कि, रैम आपके सीपीयू अवुरी मदर बोर्ड के मैच करे वाला होखे। कोशिश करी कि उ ओरिजिनल रैम वाला मापदंड के ही होखे। हां, इ खर्च बेकार ना जाए, एकरा से आपके मशीन के परफॉर्मेंस में तुरंत सुधार होई।

  • Share on:
Loading...