सलमान, कटरीना कैफ के कटरीना कपूर कहले

नई दिल्ली : बॉलीवुड सुपरस्टार सलमान खान के बहीन अर्पिता खान के बियाह 18 नवंबर के हैदराबाद में भईल। एस मौका प बॉलीवुड के बहुत सितारा लोग आईल रहले। आमिर खान, करन जौहर समेत सलमान के पूर्व गर्लफ्रेंड कटरीना कैफ भी अर्पिता के बियाह में खूब ठुमका लगईली।

लेकिन सलमान अपना बहीन के बियाह में भी कटरीना के 'टांग खींचल' ना भूलईले। जईसे ही फ़िल्म 'अग्निपथ' के आइटम सॉन्ग 'चिकनी चमेली' बाजल शुरु भईल, त सलमान माइक हाथ में ले लेले अवरू कहले कि, 'कटरीना कैफ आपके गाना बाजता, कष्ठ क के आप स्टेज आ जाई।

लेकिन जब कटरीना करन जौहर के पीछे नुकाए के कोशिश करत सलमान से बचे के कोशिश कईली त सलमान फेर से आवाज देले, करन आप कटरीना के स्टेज प लेके आई।

जब कटरीना आवे से मना कईली, त सलमान कहले कि, 'अच्छा ठीक बा, कटरीना कैफ ना, कटरीना कैफ कपूर, कष्ट क के स्टेज प आ जाई। कटरीना के लगे सलमान के एस अंदाज के शायद कवनो जवाब ना रहे।

आखिरकार कटरीना जब स्टेज प अईली त सलमान मजाक करत कहले कि, हम का करी, हम त आपके के कटरीना खान बने के एगो मौका देले रहनी, लेकिन आपके त 'कटरीना कपूर' बने के रहे। अब देखे के बा कि, एस मामला प कैटरीना के ब्वॉयफ्रेंड रणबीर कपूर का कहतारे।

  • Share on:
Loading...