घरही पनीर रोल बनाई उहो चुटकी में

घरही पनीर रोल बनाई उहो चुटकी में

पनीर रोल केकरा ना भावे, चाहे हाट-बाज़ार होखे चाहे मेला-ददरी सभसे अधिका मेला त एकरे दोकान प लागेला। महानगरी जीवन में त एकर खास स्थान बाटे।

एकरा के घर में बनावल भी आसान बा, बस जरूरत बा तनिका कोशिश करे के। त चली जानल जाए कि घरे पनीर रोल कईसे बनावल जाई -

सामग्री (भरे खातिर)
एक बराबर, पतला-पतला कटल 3 गो प्याज, 150 ग्राम बीन्स, 150 ग्राम गाजर, 150 ग्राम बंदगोभी, अदरक के एगो छोट टुकड़ा, आधा पोटा लहसुन, 250 ग्राम पनीर, टोमैटो कैचप, नमक, कालीमिर्च अपना स्वाद के अनुसार। हाँ, सभ चीज़ एकदम पतला-पतला कटल होखे के चाही।

सामग्री (रोटी खातिर)
500 ग्राम मैदा, 1/2 छोटा चम्मच नमक, 1/2 छोटा चम्मच अजवाइन, 1/2 कप मक्खन/घी।

विधि
आटा में रोटी वाला सभ सामग्री मिला के सान (गूँथ) के लोई बना लिहि। अब बड़े-बड़े, पतला-पतला रोटी बेल के सेंक लिहि अवुरी एक किनारा ध दिही।

अब चूल्हा प कड़ाही गरम करीं, कड़ाही गरम होखला प तेल, अदरक, लहसुन, वैजिटेबल्स, नमक अवुरी कालीमिर्च मिला के 5 से 7 मिनट तक पकाईं। एकरा बाद पनीर अवुरी टोमैटो कैचप मिला के भरे खातिर मसाला तैयार क लिहि। अब चूल्हा प से कड़ाही के उतार दिही।

अब तवा के फिर से चूल्हा प राखी लेकिन आंच एकदम कम राखे के होई। पहिले से बनल सभ रोटी के तवा प पसार के बीच में पनीर से बनल मसाला भर दिही। ऊपर से पुदीना के चटनी अवुरी कटल प्याज के रखला बाद रोटी के गोल लपेटत रोल बना लिहि।

बस, अब का पनीर रोल तैयार हो गईल अब सॉस भा चटनी के संगे एकर आनंद लिहि।

  • Share on:
Loading...