शाजिया कहली "हमार त करमे खराब बा, जाहाँ जातानी, उहें बंटाधार हो जाता" !!!
- टीबीएच ब्यूरो |

दिल्ली में भाजपा के हार प सोश्ल मीडिया में कुछ अयीसन बयानबाजी भईल कि बड़े-बड़े नेता भी लजाए लगले। सोश्ल मीडिया के मज़ाक के शिकार बनल जादातर नेता भाजपा खेमा के हवे, अयीसने कुछ नकली अवुरी मज़ाकिया बयान प नज़र डालल जाए।
शाजिया इल्मी – हमार त करमे खराब बा, जाहाँ जातानी, उहें बंटाधार हो जाता।
ओबामा, मोदी से कहले – 'आप' के कसम मोदी जी, हम त शुरू से 'आप' के ओर रहनी।
मोदी - हम कहले ना रहीं कि ओपिनियन पोल अवुरी एक्ज़िट पोल 'बाजारू' बा, देख 45 के जगह 65 सीट प आम आदमी पार्टी जीत गईल।
शाजिया इल्मी – या अल्लाह, हम एके बयान केतना बेर दिही।
किरण बेदी – दिल्ली के नतीजा कईसन लागल, निमन लागल? निमन लागल त हाथ खड़ा करीं।
मोदी – मित्रों, दिल्ली में डंका बाजता कि ना? बाजता कि ना? ...... बाजता !!!!
अमित शाह – बुलेट ट्रेन, विकास, पंद्रह लाख, सब चुनावी जुमला रहे।
अमित शाह के बयान प मोदी – बस कर रे पागला, हरा त देबे कईले, अब का पाकिस्तान भेजबे।
आडवाणी – रुक, रुक .... अभी त फिलिम शुरू भईल बिया .... पिक्चर बाकी है मेरे दोस्त !!
First Update: 10 February, 2015 01:32 PM