विराट के एक रन देखे अनुष्का सिडनी गईल रहली ह?
- टीबीएच ब्यूरो |
विश्व कप के सेमीफ़ाइनल मुक़ाबला में विराट कोहली के आउट भईला के बाद उनुकर ‘दोस्त’ अनुष्का शर्मा निशाना प आ गईली।
ऑस्ट्रेलिया के ख़िलाफ़ एह प्रमुख मुक़ाबला में करोड़ों क्रिकेट प्रेमी के विराट कोहली से बड़ पारी के उम्मीद रहल ह, लेकिन उ एक रन बनाकर आउट हो गईले।
एकरा बाद अनुष्का के निशाना बनावत ट्वीटर प टिप्पणी होखे लागल।
विक्रांत मलिक ट्वीट कईले – "आप अयीसन काहे कईनी। आख़िर का मिल गईल सिडनी पहुँच के?"
संजीव ठाकुर ट्वीट कईले - "अनुष्का, विराट के 1 रन देखे सिडनी तक अईली...सच्चा प्यार।"
कमाल आर ख़ान त एक क़दम अवरू आगे बढ़ गईले अवरू ट्वीट कईले – "हम लोग से निहोरा करतानी कि उ लोग अनुष्का शर्मा के फ़िल्म के विरोध करस।"
हालाँकि कुछ लोग अनुष्का के बचाव में भी उतरल।
स्मिता देशमुख ट्वीट कईले - "हमरा लागता कि अनुष्का जब भारत अईहे त उनुका राष्ट्रवादी क्रिकेट प्रेमी से सुरक्षा उपलब्ध करावे के ज़रूरत होई।"
लेखक चेतन भगत ट्वीट कईले - "इ बेहद अफ़सोसजनक बा कि अगर कवनो खेलाड़ी बढ़िया नईखे खेलत त लोग ओकरा साथी प बरसे लागतारे। भावना में बहि, प लेकिन भेदभाव ना करी।"
First Update: 26 March, 2015 06:14 PM