महिला के जन्मतिथि ओकरा मिज़ाज़, स्वभाव अवुरी सेक्स रुचि के बता सकता

महिला के जन्मतिथि ओकरा मिज़ाज़, स्वभाव अवुरी सेक्स रुचि के बता सकता

ए सृष्टि में नारी के सबसे बड़ रहस्य समझल जाला। अयीसन रहस्य जेकरा के आज तक बड़-बड़ ज्ञानी-महाज्ञानी अवुरी ऋषि-मुनि तक ना समझे पवले। लेकिन पुरुष हृदय हमेशा स्त्री के समझे के दावा कईलस, अवुरी ए दिशा में हमेशा प्रयास कईलस।

पुरुष के प्रयास कुछ हद तक सफल भईल अवुरी कुछ अयीसन जानकारी मिलल जेकरा के ज्योतिष शास्त्र के बिना समझल मुश्किल रहे। जब ए जानकारी में ज्योतिष के ज्ञान जोड़ल गईल त असल जानकारी निकल के बहरी आईल।

ए प्रक्रिया में जवन जानकारी मिलल, ओकरा में जन्म तिथि के आधार प नारी स्वभाव के गणना शामिल रहे। पाता चलल की अलग-अलग महिना में पैदा होखेवाली स्त्री के शारीरिक बनावट, विचार अवुरी सोच अलग-अलग होखेला।

जनवरी-फरवरी
अंग्रेज़ी कलेंडर के शुरुआत के दुनो महिना, जनवरी अवुरी फरवरी में पैदा भईल स्त्री देखे में बहुत आकर्षक होखेली। रंग कईसनो होखे लेकिन इ लोग हमेशा आकर्षण के केंद्र रहेली। साधारण तौर प इ लोग बहुत जादे मेहनती अवुरी आराम के हराम समझेवाली होखेली।

हालांकि, ए दुनो महिना में जन्म लेवे वाली महिला बहुत मिलनसार होखेली, लेकिन शारीरिक संबंध के मामला में ए लोग के रुचि कम होखेला। इहे कारण बा की ए लोग के बियहुता जीवन बहुत बेर बहुत कठिन हो जाला।

पारिवारिक मामला में ए लोग के रुचि ढेर होखेला अवुरी घर में आईल मेहमान के आदर-सत्कार में ए लोग के महारत हासिल रहेला। परिवार अवुरी मेहमान के ध्यान रखला के चलते सामाजिक तौर प ए लोग के हमेशा बखान होखेला।

मार्च-अप्रैल
ए दुनो महिना में जन्म लेवेवाली महिला बहुत संस्कारी, व्यवहारीक अवुरी मीठा बोली बोलेवाली होखेली। साफ-साफ बोलल अवुरी साफ-साफ सुनल ए लोग के आदत होखेला, बात के मन में दबा के राखल ए लोग के तनिको पसंद ना आवे।

मार्च-अप्रैल में जन्म लेवे वाली महिला के शारीरिक बनावट आकर्षक होखेला, जेकरा चलते ए लोग के पसंद करेवाला लोग के संख्या बहुत होखेला।

ए दुनो महिना में जन्म लेवेवाली स्त्री अपना जीवन में एकही बेर प्रेम करेली अवुरी ओ प्रेम के पावे खातिर कुछूओ क सकेली। इ लोग स्वभाव से जिद्दी अवुरी अझुराईल होखेला, जेकरा चलते बहुत कम लोग से ए लोग के बात विचार होखेला।

इ लोग नेकी अवुरी बदी के हमेशा याद राखेली। जदी कवनो बात बाउर लाग जाए त ओकरा के कबहूँ भुलाए ना पावस।

मई-जून
भयंकर गर्मी वाला ए दुनो महिना में जन्म लेवे वाली महिला पूरा तरीका से अपना परिवार खाती जिएली। इ लोग बहुत कड़क मिज़ाज के होखेला अवुरी ए लोग के क्रोध बहुत जल्दी आवेला। एक बेर खीस बर गईल त फिर ए लोग खातिर केहु कुछूओ ना होखे।

मई-जून में पैदा होखेवाली महिला सामान्य के मुक़ाबला जादा कामुक अवुरी चतुर होखेली। ए लोग में सेक्स के इच्छा बहुत जादा होखेला। सामान्य अवस्था में इ लोग बहुत मिलनसार होखेला, जेकरा चलते पहिले बेर में बहुत लोग मोहा जाले।

चुकी ए लोग के मिज़ाज कड़क होखेला एहसे जतना जल्दी संबंध बनेला, ओतने जल्दी टूट जाला।

जुलाई-अगस्त
बरसात के मौसम में जन्म लेवेवाली महिला सर्वगुण संपन्न अवुरी परिवार के ध्यान राखेवाली होखेली। साधारण तौर प ए लोग के जीवन में सुख-सुविधा के कवनो कमी ना होखेला।

घरेली कामकाज में माहिर ए लोग के रंग साफ, मिज़ाज शांत अवुरी हिम्मती होखेली। ए लोग खातिर नियम, कायदा अवुरी अनुशासन जीवन के सबसे जरूरी अंग होखेला।

सितंबर-अक्टूबर
जाड़ा के शुरुवाती महिना में जन्म लेवेवाली स्त्री बहुत भाग्यशाली होखेली, ए लोग के अपना जीवन में लगभग सभ सुख मिलेला। हालांकि, भाग्य ए लोग के संगे होखेला लेकिन कामकाज़ के मामला में इ लोग आलसी होखेली।

साधारण अवस्था में हंसमुख स्वभाव के धनी, इ लोग अपना काम भावना के दबाके राखेला। इहे कारण बा की ए लोग के पेट अवुरी लीवर से जुड़ल कई प्रकार के परेशानी होखेला।

इ लोग मेहनत करे से बाचे खातिर हमेशा उपाय खोजत रहेला, संगही ए लोग के क्रोध बहुत जल्दी आवेला। ए लोग के बात ना मनला प तुरंत झगड़ा भा बहस शुरू हो सकता।

नवंबर-दिसम्बर
ए दुनो महिना में जन्म लेवेवाली स्त्री के कद-काठी छोट होखेला अवुरी जादातर सांवर रंग के होखेली। इ लोग हमेशा डेराईल-सकाईल रहेला, जेकरा चलते पूरा जीवन संकोच में बीतेला।

शारीरिक संबंध के मामला में ए लोग के खास रुचि ना होखे, नतीजा में पति के व्यवहार में रूखापन आ सकता। मेहमान के आदर-सत्कार ए लोग के तनिको पसंद ना आवे, जेकरा चलते इ लोग सामाजिक स्तर प निंदा के शिकार बनेली।

कंजूस स्वभाव के इ लोग पईसा जामा करे में मास्टर होखेला, एकरा चलते ए लोग के परिवार के सोझा कवनो प्रकार के आर्थिक संकट बहुत कम आवेला।

  • Share on:
Loading...