व्यंग्य | अजीब हाल बा भगवान धरती डोलवले, त प्रधानमंत्री फ्लाइट में ....
- पंकज परमार |

अजीब हाल बा भगवान धरती डोलवले
अरविंद केजरीवाल मीडिया में हड़कंप मचवले
धरती के संगे कुमार विश्वास तक डोलतारे
डोलले के डरे प्रधानमंत्री फ्लाइट में रहतारे
मंत्री जी जब नयकी खाद के परिचय बतवनी
स्मृति ईरानी, राहुल बाबा के खेल समझवनी
फ़ूड पार्क के झमेला में स्मृति के मुंह खुलल
साल भर के नींद से काँग्रेस के भाग जागल
साक्षी महाराज बिना मतलब के झूमर पारे
सलमान के राह प आसाराम चलल बाड़े
व्हाट्स एप्प के नाम 'फ्री गपशप योजना' धराईल
चीन में भारत के नक्शा से कश्मीर बा भुलाईल
मुलायम के प्रदेश में बिना लाइसेंस के रोड रोलर चले
बिहार में फरियादी के पुलिस हाथ-गोड़ तूरे
केदारनाथ के यात्रा मुर्दा के उठवलस
भूकंप के डर आपदा प्रबंधन मंत्री के भगवलस
रणवीर अउरी कटरीना कुछ दिन में होइहे सयान
अगिला साल तक हो जाई रात के बिहान
मंत्री खाद बनईहे त खेत में उपजी गेहूँ
खाईब त गेहु ना त रह जाईब येहूं
First Update: 17 May, 2015 08:52 PM