प्रधानमंत्री मोदी जनता के अवरू करीब आ गईले, अब मोदी एप्लिकेशन से जनता से जुड़ीहे

प्रधानमंत्री मोदी जनता के अवरू करीब आ गईले, अब मोदी एप्लिकेशन से जनता से जुड़ीहे

फेसबुक, टि्वटर अवरू लिंक्डइन के अलावे अब आप भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मोबाइल एप्लिकेशन के जरिए भी जुड़ सकतानी। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना नाम से एंड्रॉयड यूजर्स खातिर मोबाइल एप्लिकेशन लॉन्च कईले बाड़े।

'नरेंद्र मोदी' नाम के एह एप्लिकेशन के एंड्रॉयड यूजर्स गूगल प्ले स्टोर से मुफ्त में डाउनलोड क सकतारे। नरेंद्र मोदी एह एप्लिकेशन के जानकारी ट्विटर प देले। संगही एप्लिकेशन के डाउनलोड करे के लिंक भी शेयर कईले बाड़े।

भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना निजी ट्विटर खाता @narendramodi प कुल 1219 अकाउंट के फालो करेले।

एमे से अधिकतर भारतीय जनता पार्टी के बड़ नेता, पार्टी के अलग-अलग इकाइ अवरू कार्यकर्ता के अकाउंट बा। कार्यकर्ता में भी अधिकतर भाजपा के आईटी सेल आ संवाद सेल से जुड़ल बाड़े।

  1. एह ऐप से यूजर प्रधानमंत्री मोदी के कार्यक्रम, केंद्र सरकार के कामकाज के ताजा-तरीन जानकारी पा सकतारे।
  2. अगर आपके प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के चर्चित रेडियो कार्यक्रम 'मन की बात' सुनल पसंद बा, त एह एप्लिकेशन के जरिए मन की बात कार्यक्रम भी सुन सकतानी।
  3. इहा आपके नरेंद्र मोदी के बायोग्राफी अवरू ब्लॉग भी पढ़े के मिली।
  4. खास बात इहा यूजर सीधा नरेंद्र मोदी से बातचीत क सकतारे, संगही आपन सुझाव दे सकतारे।
  5. नरेंद्र मोदी एह एप्लिकेशन के जरिए यूजर्स से सीधा बात करीहे। ई-मेल अवरू मेसेज भेजिहे।

  • Share on:
Loading...