संबंध | जोश अवुरी होश के काबू में राखल जरूरी

संबंध | जोश अवुरी होश के काबू में राखल जरूरी

अक्सर लोग जोश में होश गवां बईठेले। जोश में होश गवां देवे के एगो घटना में 25 साल के रेणु (बदलल नाम) संगे अयीसने कुछ भईल। मानसिक परेशानी से पीड़ित रेणु हार-थाक के एगो विशेषज्ञ के आपन समस्या बतवली।

रेणु कहली कि, उ एगो कम जान-पहचान वाला आदमी संगे सेक्स क लेले बाड़ी, अब उनुका समझ में नईखे आवत कि उ ए बात के अपना पति से बतावस कि ना बतावास?

अपना परेशानी के बतावत रेणु कहली कि, उ एगो बियाह में शामिल होखे खातिर अपना रिश्तेदारी में गईल रहली, उहाँ एगो लईका से उनुकर भेट भईल। उ लईका उनुका के बाज़ार करे से लेके तमाम काम में मदद कईलस। मात्र दु दिन के जान-पहचान दोस्ती में बदल गईल।

फिर बियाह के दिन जब सब केहु बियाह में अझुराईल रहे, त उ ओ लईका संगे अकेला में बात करत-करत भावुक हो गईली अवुरी ओकरा संगे सेक्स तक क लेली। रेणु कहली कि, जब उ ओ लईका संगे शारीरिक संबंध बनवले रही त उनुका बहुत निमन लागल रहे, अवुरी दुनो लोग खुश रहे।

अब रेणु के मन खुद ओ सेक्स संबंध के बोझ से दबल जाता। उनुका नईखे बुझात कि उ एकरा में बारे में अपना पति के बतावस कि ना बतावस। रेणु के अनुमान बा कि, जदी उ एकरा बारे में अपना पति के बता दिहे त उनुकर पति उनुका के छोड़ दिहे, तलाक ले लिहे।

रेणु के पूरा बात सुनला के बाद संबंध विशेषज्ञ राय देली कि, जदी उ सचमुच अपना पति से प्यार करेली अवुरी उ अपना पति के धोखा नईखी दिहल चाहत, त उनुका ए घटना से सबक लेवे के चाही, अवुरी आगे अयीसन घटना मत होखे, एकरा खातिर सचेत रहे के चाही।

विशेषज्ञ रेणु के सलाह देली कि, उ बियाह समारोह के बीच भईल घटना के भुला देस अवुरी आपन पूरा ध्यान अपना पति प लगावस। संगही, उ कहली कि ए घटना के बारे में अपना पति से बात कईला के कवनो जरूरत नईखे, लेकिन पूरा तत्पर से ध्यान देवे के बा कि आगे अयीसन घटना फिर मत होखे।

  • Share on:
Loading...