सोनी भारत में दुनिया के सबसे पातर टीवी लॉन्च कईलस

सोनी भारत में दुनिया के सबसे पातर टीवी लॉन्च कईलस

सोनी भारत के बाजार में ब्राविया टीवी के 5 सीरीज के लॉन्च कईले बिया। एकरा संगही कंपनी दुनिया के सबसे पातर टीवी लॉन्च कईलस। कंपनी के मुताबिक एह टीवी के मोटाई 4.9 mm बा।

सोनी के इ टीवी गूगल के एंड्रॉइड ऑपरेटिंग सिस्टम प काम करी अवरू यूजर खातिर अगस्त महीना से उपलब्ध होई।

इ मॉडल 43 इंच से 75 इंच डिस्प्ले साइज के संगे आवता। 43 इंच फुल HD LED टीवी के शरुआती दाम 69,900 रुपया बा। सोनी के इ सब मॉडल ऑफिशियल गूगल एंड्रॉइड TV सॉफ्टवेयर प काम करता।

एमे एंड्रॉइड के 5.0 वर्जन दिहल गईल बा। यूजर एंड्रॉइड टीवी एप्लिकेशन के गूगल के प्ले स्टोर से डाउनलोड क सकतारे। एह टीवी में गूगल प्ले स्टोर, वॉइस सर्च, गूगल कास्ट जईसन ऑप्शन्स दिहल गईल बा।

नोटिफाइ ब्राविया एप्लिकेशन से यूजर के स्मार्टफोन प आवे वाला कॉल, एसएमएस, इमेल चाहे अवरू नोटिफिकेशन सोनी टीवी प मिल जाई। इ एप्लिकेशन गूगल प्ले स्टोर प उपलब्ध बा अवरू एकरा के यूजर डाउनलोड अवरू इंस्टॉल क सकतारे।

  • Share on:
Loading...