घर में याद राखे लायक छोटे-छोटे लेकिन बहुत जरूरी बात

हमनी के घर में बहुत बेर तनिका-तनिक गलती से बहुत बड़ परेशानी खाड़ा हो जाला। ए सभ परेशानी से बाचल आसान बा जरूरत बा कि कुछ सावधानी रहे।

हमनी के घर में बहुत बेर तनिका-तनिक गलती से बहुत बड़ परेशानी खाड़ा हो जाला। ए सभ परेशानी से बाचल आसान बा जरूरत बा कि कुछ सावधानी रहे।

हमनी के घर में बहुत बेर तनिका-तनिक गलती से बहुत बड़ परेशानी खाड़ा हो जाला। ए सभ परेशानी से बाचल आसान बा जरूरत बा कि कुछ सावधानी रहे। एही चीज़ के ध्यान में राखत कुछ छोट, लेकिन बहुत जरूरी जरूरी चीज़ प ध्यान दिहल जाए -

फ्रिज में कबहू लहसुन-प्याज ना राखे के चाही। अगर गलती से धरा गईल बा त ओकरा के तुरंत निकाल के फ्रिज के निमन से साफ क लेवे के चाही नाही त फ्रीज़ में धईल हरेक चीज़ बसाए लागी।

कुछ औरत लोग के आदत होखेला कि उ जवन कपड़ा पहिरले बाड़ी ओही में हाथ पोछ लेली। खाना बनावत घरी हाथ पोछे खातिर रसोई घर में हमेशा कपड़ा भा नैपकिन के राखीं अवुरी इस्तेमाल करी। एकरा से आपके कपड़ा गंदा ना होई अवुरी आप हमेश फ्रेश देखाई देब।

सब्जी काटत घरी हमेशा एगो अधिका थाली भा बरतन लेके बईठी। ए बर्तन के इस्तेमाल सब्जी के खराब हिस्सा के राखे खातिर करीं। एह से एक त घर गंदा ना होई, दोसरे बटोरे के झंझट ना रही, तीसरे केहु के अचानक आ जाए से शर्मिंदगी तक से जान बाची।

अगर आपके गैस लाइटर काम नईखे करत, त लाइटर के खोल के ओकरा में तनिका मशीन के तेल डाली। थोड़े देर बाद उ फेर से ठीक काम करे लागी।

पानी के गिलास पूरा मत भरी। हमेशा तनिका खाली राखी। पानी आप खुद पिही भा केहू के दिही, त एह बात के खास ध्यान राखी कि गिलास नीचे से पकड़ी अवुरी पानी के गिलास में अंगूरी मत परे।

  • Share on:
Loading...