गर्भावस्था के दौरान बच्चा के जन्म के तारीख कईसे बतावल जाला

बच्चा के जन्म के तारीख डॉक्टर एगो अंदाजा से बता देले। लेकिन बहुत बेर अयीसन होखेला की डॉक्टर के बतावल तारीख से बच्चा एक हफ़्ता पहीले भा एक हफ़्ता बाद होखेला।

बच्चा के जन्म के तारीख डॉक्टर एगो अंदाजा से बता देले। लेकिन बहुत बेर अयीसन होखेला की डॉक्टर के बतावल तारीख से बच्चा एक हफ़्ता पहीले भा एक हफ़्ता बाद होखेला।

जब कवनो औरत महतारी बने वाली रहेले त घर में सभ केहू जानल चाहेला की बच्चा कब होई? जब गर्भवती महिला, डॉक्टर के भीरी जांच करावे जाली त एक बेर डॉक्टर से जरूर पुछ लेली कि - 'बचवा कब ले होई?'

बच्चा के जन्म के तारीख डॉक्टर एगो अंदाजा से बता देले। लेकिन बहुत बेर अयीसन होखेला की डॉक्टर के बतावल तारीख से बच्चा एक हफ़्ता पहीले भा एक हफ़्ता बाद होखेला।

डॉक्टर अंतिम माहवारी के दिन में 280 दिन भा 40 हफ़्ता जोड़ के बच्चा होखे के तारीख़ बातवेले। बाद में अल्ट्रासाउंड करवा के भ्रूण के आकार के आधार पर तारीख़ बतावल जाला। एह दुनो स्थिति में बच्चा होखे के तारीख़ में एक हफ़्ता भा ओकरा से ढेर के अंतर हो सकता।

ब्रिटेन अवुरी अधिकांश विकसित देश में बच्चा होखे के तारीख़ बतावे खातिर इहे तरीक़ा अपनावल जाला।

बहुत बेर अयीसनो देखे के मिलल बा कि गर्भवती महिला अपना माहवारी के तारीख भुला गईल रहेली। ए स्थिति में बच्चा होखे के तारीख ठीक से बतावल संभव नईखे।

हरेक गर्भवती महिला के याद रखे के चाही कि बच्चा के जन्म गर्भ के 37वा हफ़्ता (259 दिन) से लेके 42वां हफ़्ता (294 दिन) के बीच में होखेला।

ग़ैर सरकारी संगठन पेरीनैटाल के आकड़ा के मुताबिक़, बच्चा के जन्म लेबे के बतावल तारीख अधिकांश मौका प सही ना निकलेला। सिर्फ चार प्रतिशत मामला में देखे के मिलल की डॉक्टर के बतावल तारीख प बच्चा के जन्म भईल।

पेरीनैटाल के प्रोफ़ेसर जैसन गार्डोसी कहले कि, एकरा बावजूद संतान के जन्म देवे खातिर तईयार महतारी खातिर इ तारीख बहुत फायदा पहुंचावेले। एगो अनुमानित तारीख के ध्यान में राखत आवे वाला बच्चा के माई-बाप ओकर लालन-पालन खातिर जरूरी इंतजाम क लेवे ले।

हरेक गर्भवती महिला के याद रखे के चाही कि सामान्य बच्चा के जन्म गर्भ के 37वां हफ़्ता (259 दिन) से लेके 42वां हफ़्ता (294 दिन) के बीच होखेला। एतना दिन में बच्चा पूरा तरह से जन्म लेबे खातिर तैयार हो जाला।

गार्डोसी के कहनाम बा कि बच्चा होखे के तारीख़ बतावे के जगह एकरा के बच्चा होखे के 'अनुमानित तारीख़' कहे के चाही।

उनकर कहनाम बा कि, "अधिकतर महतारी 'बच्चा होखे के तारीख़' प भरोसा क लेली अवुरी ओह तारीख प बच्चा पैदा ना होखे से उ बेवजह परेशान हो जाली। एहसे डॉक्टर लोग के चाही कि उ लोग एकरा के 'अनुमानित तारीख़' कहस, संगही इहो बतावस कि बच्चा के जन्म ए तारीख से एक हफ़्ता पहिले चाहे बाद में भी हो सकेला।"

  • Share on:
Loading...