अब स्मार्टफोन भगाई मच्छर
- टीबीएच ब्यूरो |

मच्छर से छुटकारा पावे खातिर केमिकल वाला चीज के सहारा लेबे के पड़ेला। लेकिन अब केमिकल अवुरी मच्छर से छुटकारा दिलावे खातिर एगो नया चीज आ गईल बा।
जी ह अब आपके स्मार्टफोन ही मच्छर के भगावे में मदद करी अवुरी आप रात भर आराम से बिना कवनों परेशानी के सूत सकत बानी।
अब आप अपना स्मार्टफोन पर एगो अयीसन ऐप डाउनलोड करीं जवन कि हाई फ्रीक्वेंसी आवाज निकालत होखे।
मच्छर के एह तरे के आवाज़ बिलकुल पसंद ना होखेला अवुरी अयीसन आवाज सुन के उ आपके आस-पास गाना गावत ना मंडराई। फेर आपके रात भर चैन से सूते के मिली।
अपना फोन प Hertzier डाउनलोड क के इनस्टॉल क लिहि।
फ्री-वर्ज़न प कुछ आवाज बंद बा लेकिन अगर आप करीब 60 रुपया खर्च क के इ ऐप खरीदब त एह में मच्छर से लड़े खातिर तरह-तरह के आवाज इस्तेमाल क सकत बानी।
एगो अवुरी बात मच्छर के भगावे खातिर जवन हाई फ्रीक्वेंसी आवाज़ के इस्तेमाल कईल जाला ओकरा के आप नईखी सुन सकत।
इ आवाज मच्छर खातिर केतना तेज होई इहों आप एगो स्लाइडर के मदद से ही चुन सकत बानी।
एह ऐप के मदद से कुकुर-बिलार के भी दूर रखे के आवाज निकालल जा सकता।
First Update: 17 August, 2015 06:23 PM