एंड्रॉयड फोन के सुरक्षा में सबसे कमजोर एंड्रॉयड लॉक पैटर्न साबित भईल

एंड्रॉयड फोन के सुरक्षा में सबसे कमजोर एंड्रॉयड लॉक पैटर्न साबित भईल

ज्यादा लोग अपना फोन के पासवर्ड '123456' चाहे 'Password' रखेले, जवन कि सुरक्षा के नज़र से सबसे कमजोर मानल जाला, लेकिन एगो शोध के मुताबिक इ पता चलल ह कि, एंड्रॉयड के पैटर्न लॉक ओतने कमजोर बा, जेतना '123456' चाहे 'Password' बा।

नॉर्वे यूनिवर्सिटी ऑफ साइंस एंड टेक्नोलॉजी के रिसर्चर मार्टे लोगे अपना रिसर्च में इ दावा कईले कि, उनुका रिसर्च के 77% लोग लॉक स्क्रीन के पैटर्न एगो कोना से शुरू कईले जबकि 44% लोग लॉक पैटर्न स्क्रीन के उपर बाया ओर से शुरू कईले।

उ अपना रिसर्च रिपोर्ट लास वेगास में चलत एगो हैकर कांफ्रेंस पासवर्डकॉन में जारी कईले, जेमे उ 4,000 यूजर जेनरेटेड पैटर्न के सैंपल के रूप में रखले रहले।

हालांकि, एंड्रॉयड लॉक पैटर्न चार नोड्स से नौ नोड्स तक के होखेला, जेमे लगभग 400,000 लॉक बनावल जा सकता, जवन कि एगो मजबूत पासवर्ड मानल जा सकता, लेकिन मार्टे लोगे के रिसर्च के मुताबिक एंड्रॉयड इस्तेमाल करे वाला बहुत सरल लॉक के इस्तेमाल करेले, जवना के अंदाज लगावल दूसर खातिर बिल्कुल आसान बा।

  • Share on:
Loading...