ट्रेन में बिना इंटरनेट के 'आर मित्र' एप्लिकेशन अपराध से बचाई

चलती ट्रेन में चोरी, छेड़छाड़, छिना-झपटी जईसन अपराध भईला प बहुत बेर रेलवे के इमरजेंसी नंबर मदद ना क पावेला।

एकरा खातिर रेलवे सुरक्षा बल (आरपीएफ) यात्री के तुरंत मदद खातिर मोबाइल एप्लिकेशन 'आर मित्र' लॉन्च कईले बा। एकरा के एंड्रॉयड वर्जन के मोबाइल प डाउनलोड कईल जा सकता। इ इंटरनेट के बिना भी काम करी।

एकरा जरिये शिकायत कईला प आरपीएफ के लगे शिकायतकर्ता के जगह भी पहुंची, जवना से ओ आदमी के तुरंत मदद कईल जाइ।

शिकायत करते यात्री के समस्या आ ओकर जगह संबंधित जानकारी जोनल सिक्योरिटी कंट्रोल तक पहुंच जाई अवरू ओकरा के नजदीक के आरपीएफ थाना से तुरंत मदद उपलब्ध करावल जाई।

शिकायत के निपटारा भईला के बाद आरपीएफ के ओर से एगो कॉल शिकायतकर्ता के लगे जाई। इ एप्लिकेशन महिला के अलावे बुजुर्ग अवरू बच्चा खातिर बहुत उपयोगी साबित होई।

हुबली में एह एप्लिकेशन के ट्रायल शुरू भईल बा। सफल भईला प एकरा के उत्तर आ पूर्वोत्तर रेलवे डिवीजन में भी लॉन्च कईल जाई।

  • Share on:
Loading...