असूस नाया लैपटॉप ए553 लॉन्च कईलस, दाम 23,990 रुपया

असूस नाया लैपटॉप ए553 लॉन्च कईलस, दाम 23,990 रुपया

ताइवान के इलेक्ट्रॉनिक कंपनी असूस त्योहार के मौका प भारत में आपन एगो नाया लैपटॉप लॉन्च कईले बिया। एकर दाम 23,990 रुपया बा। इ लैपटॉप माइक्रोसॉफ्ट के लेटेस्ट ऑपरेटिंग सिस्टम विंडोज 10 के सपोर्ट करी।

ए लैपटॉप के खासियत प नजर डालल जाए त असूस ए553, 15.6 इंच एचडी (1366x768 पिक्सेल) डिस्प्ले के संगे बा। इ 2.16GHz क्वॉड-कोर इंटल पेंटियम एन3540 प्रोसेसर, 4GB रैम अवरू 500GB हार्डड्राइव के संगे काम करता।

कनेक्टिविटी के बात कईल जाए त इ दुगो यूएसबी 3.0 पोर्ट, एगो यूएसबी 2.0 पोर्ट, एचडीएमआई पोर्ट, ब्लूटूथ 4.0 अवरू वाई-फाई सपोर्ट के संगे बा। इ बैंगनी, गुलाबी, सफेद अवरू करिया रंग में उपलब्ध बा। एकर दाम 23,990 रुपया बा।

  • Share on:
Loading...