छठ के मौका प औरंगाबाद के देव सूर्य मंदिर में श्रद्धालु के भारी भीड़

छठ के मौका प औरंगाबाद के देव सूर्य मंदिर में श्रद्धालु के भारी भीड़

बिहार के औरंगाबाद ज़िला में देव के मशहूर सूर्य मंदिर (देवमूंगा) के छठ पुजा खातिर सबसे पवित्र स्थान में से एक मानल जाला। मानल जाला कि देव के सूर्य मंदिर के संगे बनल तालाब में छठ के मौका प डुबकी लगवला से कोढ़ (कुष्ठ रोग) से मुक्ति मिलेला।

औरंगाबाद, अरवल, गया, जहानाबाद, पटना, रोहतास, कैमूर, बक्सर अवुरी भोजपुर समेत बिहार के तमाम ज़िला में अयीसन कई गो उदाहरण मिलेला, जवना से पुष्टि होखेला कि ए तालाब में छठ के मौका प स्नान करे से कोढ़ समेत बहुते प्रकार के बेमारी ठीक हो जाला।

शायद इहे कारण बा कि, साल में दु बेर होखेवाला छठ (कतिकी अवुरी चईती) के मौका प लाखो श्रद्धालु इहाँ पुजा करे अवुरी अर्घ देवे आवेले। भीड़ के आलम अयीसन होखेला कि साल भर लगभग वीरान रहेवाला ए जगह प छठ के मौका प गोड़ धरे तक के जगह ना बाचे।

छठ के अलावे सुनसान अवुरी वीरान रहेवाला ए जगह प आमतौर प पहुंचे खातिर जीटी रोड से पैदल तक चले के परेला लेकिन छठ के मौका प बिहार के कवनो स्थान से इहाँ तक आवे खातिर सीधा बस सेवा मिलेला।

ए सभके बावजूद श्रद्धा अवुरी भक्ति में डुबल श्रद्धालु छठ के मौका प सूर्य मंदिर के कुंड में स्नान करे खातिर घंटो मेहनत करेले, तब कहीं जाके ओ लोग के पानी में ढुके के मौका मिलेला।

एगो काथा के मुताबिक, त्रेतायुग के राजा एैल के कोढ़ भईल रहे, उ जब ए कुंड के पानी से आचमन कईले त उनुका शरीर प जहां-जहां पानी के छीटा परल, उहाँ-उहाँ से कोढ़ ठीक हो गईल रहे।

ए घटना के बाद से धीरे-धीरे ए कुंड से लोग के आस्था जुड़त गईल, जेकरा नतीजा में आज इ कुंडनुमा तालाब मेडिकल सांइस के ललकारत देखाई देता।

औरंगाबाद के सूर्य नगरी में लगेवाला चार दीन के देव मेला (छठ पूजा) के तैयारी के निरीक्षण करे सोमवार के स्थानीय भाजपा सांसद सुशील कुमार सिंह देव पहुंचले अवुरी छठ घाट प इंतजाम के जायजा लेले।

छठ घाट अवुरी बाकी इंतजाम के निरीक्षण के बाद सांसद स्थानीय प्रशासन से वर्ती लोग खातिर कईल इंतजाम के जानकारी लेले।

मालूम रहे कि छठ के मौका प ए छोट लेकिन करिश्माई कुंड में लगभग 10 लाख लोग डुबकी लगावेले। तालाब में डुबकी के बाद वर्ती इहाँ के ऐतीहासिक अवुरी प्राचीन सुर्य मंदिर में दर्शन पुजन क अपना मन के इच्छा के पूरा करे खातिर छठी माई से अर्चना करेले।

  • Share on:
Loading...