महिला सेक्स के ओर काहें खाती आकर्षित होखेली

महिला सेक्स के ओर काहें खाती आकर्षित होखेली

इंसान के जीवन में शारीरिक संबंध के कवन महत्व बा, इंसान एकरा खातिर एतना आतुर काहें रहेला, एकरा से ओकरा कवन लाभ होखेला? सबसे बड़ सवाल कि उ सेक्स कवना कारण से करेला?

खास तौर प जब सवाल महिला के सेक्स करे के कारण से जुडल होखे त जादातर लोग जवाब देवे के स्थिति में ना होखेले। लेकिन ए सवाल के जवाब मुश्किल जरूर बा लेकिन असंभव नईखे। असंभव एहसे नईखे कि, लगभग सभ महिला ए सवाल के जावाब जानेली।

हो सकता की उ लोग अपना जवाब के शब्द में मत बतावस, या बतावे से परहेज करस, लेकिन जवाब सभके भीरी होखेला। हाँ कारण अलग-अलग हो सकता।

अमेरिका के टेक्सास विश्वविद्यालय में मनोविज्ञान के प्रोफेसर सिंडी मेस्टन अवुरी डेविड बस के किताब 'Why Women Have Sex' में करीब 200 अयीसन कारण बतावल बा, जेकरा चलते महिला सेक्स करेली। ए किताब में दर्ज एगो कारण के मुताबिक कुछ महिला सिर्फ अपना साथी के 'भूख के शांत' करे खातिर सेक्स करेली।

ए किताब से पहिले भईल अध्यन के आधार प लेखक कहतारे कि, एक ओर जहां मर्द के सभ औरत सेक्स के मामला में आकर्षक लागेली, उहें औरत के ए मामला में अयीसन कुछ ना होखे।

किताब कहतिया कि, जादातर महिला अयीसन मर्द के पसंद करेली जवन कि लंबा होखे, जेकर आवाज़ भारी अवुरी कड़क होखे, अवुरी जेकरा शरीर से मदहोश करेवाला गंध आवत होखे।

ए अध्यन में करीब 1,000 महिला शामिल रहली। विश्वविद्यालय में पढेवाली इ सभ महिला, पुरुष के संगे सेक्स करे के आपन-आपन कारण बतवली। अध्यन में शामिल सभ महिला के उमर 18 से 27 साल के बीच रहे अवुरी ज्यादातर कुँवार रहली।

किताब के लेखक से अपना अनुभव के बतावत एगो महिला कहली – "हम सेक्स एहसे करेनी, ताकि हमरा शांति मिले। सेक्स के दौरान हम भगवान के बहुत नजदीक पहुँच जानी, भगवान के मौजूदगी के एहसास होखेला।"

हालांकि, ए अध्यन में शामिल 84% महिला के कहनाम बा कि, उ लोग सेक्स एहसे करेला ताकि अपना साथी संगे संबंध में 'शांति' बनल रहे।

अपना कारण के बतावत एगो महिला कहली – "हम सेक्स एहसे करेनी कि शांति रहे, संगे-संगे हम अपना के 'बोर' होखे से बचा लीही। लड़ाई-झगड़ा के मुक़ाबला सेक्स ज्यादा मनोरंजक अवुरी निमन उपाय बा।"

ए अध्यन में शामिल कुछ महिला एकरा के उपचार के माध्यम तक मनली। ओ लोग के कहनाम बा कि, एकरा से 'अध-कपारी' अवुरी 'सिरदर्द' जयीसन रोग में आराम मिलेला।

कुछ महिला अपना कारण के बतावत अयीसन जवाब देली, जवन कि ढ़ेर लोग के अचरज में डाल सकता। एक जानी कहली कि – "हम बहुत मर्द संगे संबंध बनवले बानी। असल में मर्द प हमरा दया आवेला, ओकनी के तड़पत नईखी देख सकत।"

करीब 10 गो महिला कबूल कईली कि ओ लोग खातिर सेक्स, असल में कमाई के माध्यम ह।

विश्वविद्यालय में पढेवाली लईकिन प भईल ए अध्यन में पाता चलल कि 60% लोग अयीसन मर्द संगे तक सेक्स कईले बाड़ी, जवन कि ओ लोग के बॉयफ्रेंड भा पति ना रहले।

  • Share on:
Loading...