मात्र 26 साल के महिला एक संगे पांच संतान के जन्म देलस

आस्ट्रेलिया के पर्थ में रहेवाली ए महिला के नाम किम टूसी बा अवुरी उ एक संगे पांच बच्चा के जन्म देवेवाली शायद दुनिया के पहिला महिला बाड़ी।

आस्ट्रेलिया के पर्थ में रहेवाली ए महिला के नाम किम टूसी बा अवुरी उ एक संगे पांच बच्चा के जन्म देवेवाली शायद दुनिया के पहिला महिला बाड़ी।

आज तक बहुत बेर सुनले होखब कि कवनो महिला जुड़वां संतान के जन्म देलस, कबो-कबो भुलाईल-भटकल तीड़वा माने तीन संतान एक संगे होखला के भी खबर मिलेला, लेकिन ए मामला में एगो महिला के गर्भ से एगो-दुगो ना, पांच संतान के जन्म देली।

जब ए महिला के गर्भ में पांच संतान होखला के खबर आईल त बहुत लोग विश्वास ना कईले, कुछ लोग कटाक्ष तक कईल, लेकिन सच्चाई त सच्चाई होखेला।

आस्ट्रेलिया के पर्थ में रहेवाली ए महिला के नाम किम टूसी बा अवुरी उ एक संगे पांच बच्चा के जन्म देवेवाली शायद दुनिया के पहिला महिला बाड़ी।

किम के उमर फिलहाल 26 साल बा, अवुरी उनुका ए पांचों संतान के जन्म देवे में मात्र दु मिनट के समय लागल बा। इहाँ इहों जानल रुचिकर बा कि उनुका पहिलही से दुगो बेटी अवुरी एगो बेटा बाटे।

किम के मुताबिक सामान्य मेडिकल जांच के दौरान जब डॉक्टर उनुका से कहले कि उनुका गर्भ में 5 बच्चा बा त उनुका खुद विश्वास ना भईल। बाद में उ खुद ए खबर से घबरा गईली लेकिन परिवार, खास तौर प अपना पति के समझवला के बाद उ फैसला कईली कि उ ए पांचों संतान के जन्म दिहे।

हालांकि गर्भावस्था सफर आसान ना रहे लेकिन उ ए दौरान अपना सेहत अवुरी खानपान प डॉक्टर के सलाह के मुताबिक ध्यान देली अवुरी ओकरा में कवनो प्रकार के लापरवाही से बचली। किम के डॉक्टर के मुताबिक गर्भवस्था में उ रोज 6 हजार से कैलोरी के जादा के खपत करत रही।

पर्थ के किंग एडवर्ड मेमोरियल अस्पताल में गुरुवार के सुबह 8:20 उ एक बेटा अवुरी चार बेटी, कुल पांच संतान के एक संगे जन्म देली। किम अपना बेटा के नाम कीथ अवुरी चारो बेटी के नाम अली, पेनेलोप, टिफ़नी अवुरी बीट्रिक्स रखले बाड़ी।

किम कहली कि, चूंकि उनुका एक बेटा पहिलही से रहे एहसे उ एगो अवुरी प्रयास करत रही, अवुरी नतीजा में उ कुल मिला कि दु बेटा अवुरी 6 बेटी समेत कुल 8 संतान के महतारी बन गईली।

  • Share on:
Loading...