फ़ेसबूक एप्प आपके मोबाइल के उमर 20 प्रतिशत तक कम क दिही!

फ़ेसबूक एप्प आपके मोबाइल के उमर 20 प्रतिशत तक कम क दिही!

आज के समय में स्मार्टफोन लगभग हरेक आदमी के जरूरत बन चुकल बा, लेकिन ए स्मार्टफोन के सबसे बड़ समस्या एकरा बैटरी बिया, आज लगभग हरेक आदमी बैटरी के जल्दी डिस्चार्ज हो जाए के समस्या से जूझ रहल बा।

लेकिन, बहुत कम लोग जानत होइहे कि, अकेले फ़ेसबूक एप्प आपके स्मार्टफोन के 20 प्रतिशत बैटरी के इस्तेमाल करेला। कवनो स्मार्टफोन में जदी फेसबुक एप्प बा, त अकेले इहे एप्प ओकरा 20 प्रतिशत तक बैटरी के हजम क जाला।

मोबाइल फोन अवुरी एप्प के जानकार लोगन के मुताबिक, फेसबुक के एंड्राइड एप्प बैटरी के मामला में सभसे अधिक पावर के उपयोग करेला।

चूंकि फ़ेसबूक एप्प लगातार आपके लोकेशन के जाने खाती स्मार्टफोन के जीपीएस के उपयोग करेला, एहसे इ सबसे जादा बैटरी के हजम भी करेला। संगही समय-समय प आप तक संदेश अवुरी सूचना के पहुंचावे खाती चलेवाला एकर नोटिफिकेशन सर्विस हमेशा फोन के बैटरी के चुसत रहेला।

एगो अध्ययन के मुताबिक, जब फेसबुक एप्प के कोड के जांच कईल गईल त पाता चलल कि फेसबुक एप्प, फोन के लोकेशन के जानकारी चुपचाप फेसबुक के भेजेला, जेकरा चलते इ अधिका बैटरी के उपयोग करेला।

जदी आप एक जगह बईठल बानी त बैटरी कम खतम होई, लेकिन जदी आप घूमत-फिरत बानी त ओह समय आपके बैटरी ज्यादा खर्च होई। चूंकि, घुमला-फिरला से जीपीएस अवुरी नेटवर्किंग के कॉम्बिनेशन हमेशा बदलत रहेला, एहसे बैकग्राउंड में चलत सर्विस हमेशा जारी रहेले अवुरी नतीजा में बैटरी के खर्च बढ़ जाला।

हालांकि, एह में चौंकावे वाला कवनों बात नईखे काहेंकि फेसबुक के 'इन-एप्प लोकेशन सेटिंग' में साफ-साफ लिखल बा कि 'जदी आपके 'लोकेशन हिस्ट्री' अवुरी 'ऐक्सेस' के सेटिंग 'ऑलवेज' प सेट बा, त फेसबुक ओह समय में भी आपके सटीक लोकेशन के हिस्ट्री बना लीही, जब आप ऐप के उपयोग नईखी करत।

फेसुबक के एगो प्रवक्ता के मुताबिक, 'जदी आपके एप्प के लोकेशन सेटिंग बंद बा त हमनी के एप्प आपके लोकेशन के बैकग्राउंड में चेक ना करे।'

  • Share on:
Loading...