5 अयीसन एप्लिकेशन जवना से आपके मोबाइल में मुफ्त इंटरनेट मिली

5 अयीसन एप्लिकेशन जवना से आपके मोबाइल में मुफ्त इंटरनेट मिली

स्मार्टफोन प इंटरनेट चलावे खातिर हर महीना जेब ढीला करे के पड़ेला, जवन आपके मज़ा के किरकिरा क देवेला। आप सोचते होखेम कि काश जदी कवनो अयीसन तरीका रहित जवना से फोन प मुफ्त इंटरनेट मिल जाईत।

आपके एही मुशकिल के आसान करे खातिर आपके 5 अयीसन मोबाइल एप्लिकेशन के बारे में बतावल जाता, जवना से आपके फोन प मुफ्त इंटरनेट मिली।

एमसेंट से रिचार्ज अमाउंट कमाई

ए एप्लिकेशन के डाउनलोड क आपन मोबाइल नंबर रजिस्टर करवा ली। एमे बतावल गईल सुझाव के पूरा क बैलेंस कमात जाई, संगही अपना दोस्त के एकर लिंक भेज के आप पईसा कमा सकतानी। आप कवनो मोबाइल नेटवर्क प एहसे रिचार्ज क सकतानी।

मायएड्स एप्लिकेशन से मुफ्त में मोबाइल डाटा पाई

इ एप्लिकेशन आपके प्रचार देखला प मोबाइल डाटा खातिर पईसा कमाए के मौका देवेला। एकरा के आप प्ले स्टोर से मुफ्त में डाउनलोड क सकतानी। एप्लिकेशन के ओर से सुझावल गईल विज्ञापन देखि अवरू कुछ आसान सवाल के जवाब दी। जवाब देला प आपके बेलेंस मिली, जवना से आप डाटा रिचार्ज क सकतानी।

किकबिट

जदी आप वीडियो देखे अवरू ख़रीदारी करे के शौकीन बानी त इ एप्लिकेशन डाउनलोड करी। एप्लिकेशन में विडियो देखके, नाया एप्लिकेशन आजमा के अवरू ख़रीदारी क आप मोबाइल डाटा कमा सकतानी।

मोबाइल मनी

इ एप्लिकेशन छात्र लोगन खातिर खास बा। मुफ्त में डाउनलोड होखे वाला ए एप में आप अवरू एप्लिकेशन इस्तेमाल क, वीडियो देखके अवरू ऑनलाइन गेम के आनंद लेके टॉक टाइम कमा सकतानी।

जिगाटो

मुफ्त मोबाइल डाटा पावे खातिर यह इस्तेमाल में सबसे आसान अपपीलकटीओन बा। बस आपके ए एप्लिकेशन में सुझावल गईल एप्स के इस्तेमाल करे के होई अवरू आपके खाता में बैलेंस नजर आवे लागी।

  • Share on:
Loading...