आईपीएल नीलामी | वॉटसन सबसे महंगा बिकईले, युवराज अवरू कार्तिक के दाम कम लागल

आईपीएल नीलामी | वॉटसन सबसे महंगा बिकईले, युवराज अवरू कार्तिक के दाम कम लागल

ऑस्ट्रेलिया के शेन वॉटसन आईपीएल-9 के सबसे महंगे खिलाड़ी रहले। ए नीलामी में शनिवार के रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर (आरसीबी) 9.5 करोड़ में उनुका के किनलस। वॉटसन के आधार मूल्य 2 करोड़ रुपया रहे।

पछिला आईपीएल के सबसे महंगा खेलाडी रहल युवराज सिंह सात करोड़ रुपया में बेचईले। पछिला बार युवराज सिंह के 16 करोड़ रुपउआ में किनल गईल रहे।

भारत के तेज गेंदबाज ईशांत शर्मा के राइजिंग पुणे सुपरजायंट्स 3.8 करोड़ रुपया में किनलस। पुणे इंग्लैंड के पूर्व क्रिकेटर केविन पीटरसन के 3.5 करोड़ रुपया में किनलस।

इंग्लैंड के पूर्व खिलाड़ी केविन पीटरसन के 3.5 करोड़ में राइजिंग पुणे सुपरजायंट्स किनलस। उनुकर आधार मूल्य 2 करोड़ रुपया रहे। वेस्टइंडीज के ऑलराउंडर ड्वेन स्मिथ के आधार मूल्य 50 लाख रहे। उनुका के 2.30 करोड़ में गुजरात लॉयंस किनलस।

नीलामी में 116 खेलाडी के किनल जा सकता। एमे कम से कम 28 खेलाडी के किनल जरूरी होई। ए नीलामी में 36 गैर-भारतीय खेलाडी से जादा के किने के इजाजत नईखे।

  • Share on:
Loading...