अजहरुद्दीन कहले, धोनी टेस्ट से संयान्स लेके जल्दबाजी कईले

अजहरुद्दीन बुधवार के लखनऊ में कहले कि, इंडिया के एक दिवसीय टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धोनी टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेके जल्दबाजी कईले।

अजहरुद्दीन बुधवार के लखनऊ में कहले कि, इंडिया के एक दिवसीय टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धोनी टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेके जल्दबाजी कईले।

इंडिया क्रिकेट टिम के पूर्व कप्तान अवरू कांग्रेस नेता मोहम्मद अजहरुद्दीन बुधवार के लखनऊ में कहले कि, इंडिया के एक दिवसीय टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धोनी टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेके जल्दबाजी कईले।

शकुंतला मिश्रा दृष्टिहीन क्रिकेट टूर्नामेंट के उद्घाटन करे पहुंचल अजहरुद्दीन कहले कि, धोनी कप्तानी छोड़ देते, लेकिन उ जल्दबाजी में संयान्स ले लेले।

उ कहले कि, जदी धोनी कप्तानी छोड़ देते त अवरू जादा समय तक क्रिकेट खेल सकत रहले। आज़ो उनुकर विकेट कीपिंग अवरू बैटिंग बहुत निमन बा।

अजहरुद्दीन कहले कि, हमरा हिसाब से उनुका अपना संन्यास के फैसला प विचार करे के चाही अवरू वापस टेस्ट क्रिकेट खेले के चाही। धोनी टीम में एगो विकेट कीपर-बल्लेबाज के रूप में खेल सकतारे।

श्रीलंका के हाथ पहिला टी20 में मिलल हार प बोलत उ कहले कि, एगो मैच से आप टीम के आलोचना नईखी क सकत। टीम इंडिया सीरीज में वापसी करी अवरू 2-1 से श्रृंखला जीती।

  • Share on:
Loading...