महेंद्र सिंह धोनी जल्दबाज़ी में फैसला क लेले, उनुका सोचल चाहत रहे: पूर्व कप्तान

धोनी के फैसला प सवाल उठावत मोहम्मद अजहरुद्दीन कहले कि, धोनी टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेवे में जल्दबाजी क देले।

धोनी के फैसला प सवाल उठावत मोहम्मद अजहरुद्दीन कहले कि, धोनी टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेवे में जल्दबाजी क देले।

टीम इंडिया के एक दिवसीय टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धोनी के फैसला प सवाल उठावत पूर्व कप्तान अवुरी कांग्रेस नेता मोहम्मद अजहरुद्दीन बुधवार के लखनऊ में कहले कि, धोनी टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेवे में जल्दबाजी क देले।

शकुंतला मिश्रा दृष्टिहीन क्रिकेट टूर्नामेंट के उद्घाटन करे पहुंचल अजहरुद्दीन कहले कि, जदी फॉर्म खराब रहे चाहे मैदान प रणनीति काम ना करत रहे त धोनी कप्तानी छोड़ देते, लेकिन उ जल्दबाजी में संयान्स ले लेले।

उ कहले कि, जदी धोनी कप्तानी छोड़ देते त उ अवुरी लंबा समय तक टेस्ट क्रिकेट खेल सकत रहले। आज़ो उनुकर विकेट कीपिंग अवुरी बैटिंग बहुत नीमन बा।

अजहरुद्दीन कहले कि, हमरा हिसाब से उनुका अपना संन्यास के फैसला प विचार करे के चाही अवुरी फेर से टेस्ट क्रिकेट खेले के चाही। धोनी टीम में एगो विकेट कीपर-बल्लेबाज के रूप में खेल सकतारे।

श्रीलंका के हाथ पहिला T-20 मैच में मिलल हार प बोलत उ कहले कि, एक मैच से आप टीम के आलोचना नईखी क सकत, टीम इंडिया सीरीज में वापसी करी अवुरी 2-1 से श्रृंखला जीती।

  • Share on:
Loading...