सरदार सिंह हमरा से बियाह करस, चाहे सजा काटस, हम त न्याय लेके दम लेम

सरदार सिंह हमरा से बियाह करस, चाहे सजा काटस, हम त न्याय लेके दम लेम

भारतीय हॉकी टीम के कप्तान सरदार सिंह प बियाह के झांसा देके शारीरिक संबंध बनावे अवरू जबर्दस्ती गर्भपात करावे के आरोप लगावे वाली उनुकर कथित ब्रिटिश मंगेतर कहली कि, सरदार या त उनुका से बियाह क लेस ना त सजा भुगतस।

इंग्लैंड हॉकी टीम के सदस्य अवरू सरदार सिंह के कथित 21 साल के मंगेतर जालंधर में संवाददाता लोगन से बातचीत में कहली कि, सरदार हमरा से बियाह करस चाहे सजा काटस। हम न्याय हासिल क के दम लेम।

मालूम रहे कि महिला, सरदार सिंह प बियाह के झांसा देके शारीरिक संबंध बनावे अवरू जबर्दस्ती गर्भपात करावे के आरोप लगवले रहली। उ जांच में देरी भईला प निराशा जतावत कहली कि, पुलिस के शिकायत कईला के बाद गठित भईल विशेष जांच दल (एसआईटी) मामला में लगातार देरी करता। एक महीना से भी जादा समय गुजर गईल।

महिला कहली कि, हमरा पंजाब पुलिस प विश्वास बा, तबो जदी एसआईटी सरदार सिंह के पक्ष में रिपोर्ट बनाई, त हम अदालत के दरवाजा खटखटाएम। हम जांच दल के सदस्य के सरदार सिंह से अपना रिश्ता से जुड़ल सारा सुबूत उपलब्ध करा देले बानी।

  • Share on:
Loading...