अब आप लैंडलाइन फोन के इस्तेमाल मोबाइल फोन नीहन क सकतानी

अब आप लैंडलाइन फोन के इस्तेमाल मोबाइल फोन नीहन क सकतानी

अब आप अपना लैंडलाइन फोन के इस्तेमाल मोबाइल फोन नीहन क सकतानी। सार्वजनिक क्षेत्र के टेलीकॉम कंपनी बीएसएनएल अपना ग्राहक खाती एगो नाया एप्लिकेशन लॉन्च कईले बा।

दि फिक्स्ड मोबाइल टेलीफोनी (एफएमटी) नाम के एप्लिकेशन के मदद से बीएसएनएल के ग्राहक अपना लैंडलाइन फोन के इस्तेमाल अपना मोबाइल से क पईहे।

ए एप्लिकेशन के मदद से मोबाइल के लैंडलाइन फोन से जोड़ल जा सकता अवरू ओकरा बाद लैंडलाइन से पूरा दुनिया में कही कॉल कईल जा सकता।

ए सुविधा के सबसे जादा फायदा विदेश यात्रा चाहे अपना सर्कल से बाहर रहे वाला उपभोक्ता के होई। बीएसएनएल उपभोक्ता अपना लैंडलाइन फोन के मोबाइल से जोड़ के कॉल करीहे, त उनुका ना आईएसडी ना रोमिंग शुल्क देवे के पड़ी।

बीएसएनएल के चेयरमैन आ प्रबंध निदेशक अनुपम श्रीवास्तव ए सेवा के शुरुआत करत बतवले कि, इ सेवा दु अप्रैल से शुरू होई, ए सेवा खाती उपभोक्ता‍ के मासिक शुल्क देवे के होई।

उ बतवले कि, एफएमटी के तहत हमनी के फिक्स्ड लाईन फोन के एक तरे मोबाइल फोन में बदल देले बानी। ए एप्लिकेशन के इस्तेमाल करत बीएसएनएल के ग्राहक अपना मोबाइल फोन के लैंडलाइन से कनेक्ट क सकिहे अवरू दुनिया में कहीं से लैंडलाइन के मदद से कॉल क सकिहे।

उ कहले कि, ए सेवा खाती शुल्क दर प काम जारी बा। इ मासिक आधार प तय शुल्क होइ। बीएसएनएल के मुख्य महा प्रबंधक अनिल जैन कहले कि, कंपनी 2-3 महीना में लैंडलाइन फोन प एसएमएस के सुविधा भी शुरू करी।

  • Share on:
Loading...