टी-20 विश्व कप से युवराज सिंह बाहर भईले, मनीष पांडे के मौका मिलल

टी-20 विश्व कप से युवराज सिंह बाहर भईले, मनीष पांडे के मौका मिलल

टी-20 विश्वकप सेमीफाइनल से ठीक पहिले भारतीय टीम के बहुत बड़ झटका लागल बा। टीम के स्टार बल्लेबाज युवराज सिंह घायल भईला के चलते ए विश्व कप से बाहर हो गईले।

घायल युवराज सिंह के जगह टीम में मनीष पांडे के शामिल कईल गईल बा। मनीष पांडे पहिला बेर टी-20 विश्व कप में भारतीय टीम के हिस्सा होईहे।

युवराज के रविवार के ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ मैच में ठेहुन में चोट लागल रहे। युवराज के एगो शॉट खेले के दौरान इ चोट लागल रहे अवरू ओकरा बाद से उ बहुत दर्द में रहले। उ ठीक से रन ना ले पावत रहले अवरू कुछ समय बाद उ बड़ शॉट खेल के विकेट गंवा देले रहले। उनुकर चोट बहुत गंभीर बा अवरू ए चलते उनुका चार सप्ताह के आराम के सलाह दिहल बा।

मनीष पांडे के भले भारतीय टीम में जगह मिल गईल, लेकिन अंतिम ग्यारह में उनुका मौका मिलता की ना इ देखल मज्जेदार होई। रवि शास्त्री चाहतारे कि अजिंक्य रहाणे के टीम में शामिल कईल जाए। मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम रहाणे के घरेलू मौदान ह। एकर फायदा टीम के मिल सकता।

उहें धौनी उल्टे हाथ के बल्लेबाज पवन नेगी के पक्ष में बाड़े। धौनी चाहतारे कि उल्टा हाथ के युवराज के स्थान प उल्टा हाथ के नेगी के खेलावल जाए। युवराज नीहन नेगी गेंदबाजी में भी मददगार हो सकतारे।

  • Share on:
Loading...