दूरदर्शन बिना इंटरनेट के मोबाइल में टीवी चलावे के सुविधा देलस

दूरदर्शन बिना इंटरनेट के मोबाइल में टीवी चलावे के सुविधा देलस

जदी आप मोबाइल प टीवी देखे के शौकीन बानी, त आपके खाती नीमन खबर बा। हाले में दूरदर्शन स्मार्टफोन रखे वाला के बढ़त संख्या अवरू मोबाइल प टीवी देखे के बढ़त शौक के ध्यान में रखत एगो सुविधा शुरू कईले बा।

ए सुविधा में अब आप अपना स्मार्टफोन प दूरदर्शन चैनल के मुफ्त में देख पाएंम। यानी अब आप बिना इंटरनेट खर्चा कईले मुफ्त में टीवी देख सकतानी। फिलहाल इ सुविधा चार मेट्रो सिटी समेत कुल 16 शहर में उपलब्ध करावल जाता।

ए शहर में दिल्ली, मुबंई, कोलकाता, चेन्नई, गुवाहाटी, पटना, रांची, लखनऊ, जालंधर, रायपुर, इंदौर, औरंगाबाद, भोपाल, बेंगलुरु अवरू अहमदाबाद शहर के नाम शामिल बा।

ए मुफ्त सेवा के फायदा उठावे खाती आपके एगो DVB T2 Dongle लेवे के होई, जवना के मदद से आप ओटीजी वाला मोबाइल फोन अवरू टैबलट प मोबाइल टीवी देख सकतानी। दूरदर्शन के मुफ्त सुविधा के इस्तेमाल करे खाती डोंगल में एंड्रॉयड एप डाउनलोड करे के होई।

एकरा बाद आप गूगल प्ले स्टोर से टीवी-ऑन-गो (ओटीजी) दूरदर्शन एप्लिकेशन डाउनलोड क सकतानी। एतने ना, प्रसार भारती ए सुविधा के संगही डिजिटल विडियो ब्रॉडकास्टिंग डिवाइस के लॉन्च कईले बिया। ए डिवाइस के क्षमता 40एमबीपीएस तक बा अवरू इ ओटीजी सपोर्ट करे वाला स्मार्टफोन में बिना इंटरनेट के टीवी देखे के सुविधा देता।

  • Share on:
Loading...