स्मार्टफोन में अचानक विस्फोट, माई-बेटा बाल-बाल बचले

चार्ज में लागल फोन के बहुत नजदीक रहल बहुत जादे घातक अवुरी हद से जादे खतरनाक  हो सकता। [File Descriptive Photo]

चार्ज में लागल फोन के बहुत नजदीक रहल बहुत जादे घातक अवुरी हद से जादे खतरनाक हो सकता। [File Descriptive Photo]

मोबाइल फोन आज हमनी के जीवन के एगो जरूरी अंग बन गईल बा, लागता कि जदी इ ना रहे त जीवन कईसे चली। एकरे चलते बहुत लोग रात के फोन के चार्ज करत घरी एकरा के तकिया के नीचे चाहे बेड के नजदीक राखेले। कोशिश रहेला हरेक कॉल अवुरी मैसेज के जानकारी मिले।

लेकिन, चार्ज में लागल फोन के बहुत नजदीक रहल बहुत जादे घातक अवुरी हद से जादे खतरनाक हो सकता। अयीसने एगो घटना में फिनलैंड के एगो तीन साल के बच्चा बाल-बाल बाचल। खबर के मुताबिक तीन साल के ए बच्चा के भीरी चार्जिंग में लागल सैमसंग गैलेक्सी एस 3 स्मार्टफोन में अचानक आग लागल अवुरी उ फाट गईल।

खबर के मुताबिक, फिनलैंड में एगो महिला रात के समय अपना सैमसंग गैलेक्सी एस 3 स्मार्टफोन के चार्जिंग में लगा के अपना तीन साल के बेटा संगे बेड प सुतल रहे। फोन बेड प तकिया के भीरी धईल रहे कि अचानक ओकरा में आग लाग गईल। ए घटना में फोन के फटला के अलावे फोन के आसपास के चादर अवुरी गद्दा तक जर गईल।

फिनलैंड के वेबसाइट 'वाईएलई डॉट फी' के मुताबिक महिला के कहनाम बा कि, एही फोन से कुछ देरी पहिले उनुकर बेटा खेलत रहे। हालांकि घटना के समय उ फोन ध देले रहे, एहसे एगो बड़ दुर्घटना होखे से बाच गईल।

उ कहली कि, एकरा से एगो सबक त मिलल कि फोन के चार्जिंग के समय अपना नजदीक राखल खतरनाक बा अवुरी जाहा तक होखे फोन के दिन में चार्ज करे के चाही।

हालांकि ए मामला में आधिकारिक तौर प सैमसंग से शिकायत नईखे कईल लेकिन कुछ लोग के कहनाम बा कि, इ सभ 'थर्ड पार्टी' (दोसर कंपनी) के चार्जर से चार्ज कईला के चलते भईल बा। जबकि कुछ लोग के कहनाम बा कि फोन बहुत पुरान रहे अवुरी ओकर उमर खतम हो गईल रहे।

अब कारण चाहे जवन होखे लेकिन एक चीज़ त तय बा कि फोन के चार्ज करत घरी इस्तेमाल कईल चाहे जरेवाला कवनो समान के नजदीक राखल बहुत खतरनाक हो सकता।

  • Share on:
Loading...