सचिन तेंदुलकर सूखा से निपटे खाती महाराष्ट्र सरकार के मदद करीहे

सचिन तेंदुलकर सूखा से निपटे खाती महाराष्ट्र सरकार के मदद करीहे

महाराष्ट्र में जे तरे सूखा के चलते किसान आत्महत्या करतारे अवरू फसल तबाह होखता, ओकरा के देखत क्रिकेटर, अभिनेता समेत हर वर्ग के लोग आगे आवतारे। क्रिकेट के भगवान कहाए वाला सचिन तेंदुलकर सूखा से प्रभावित लोग के मदद खाती आगे अईले।

महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री देवेंद्र फड़णवीस, भारत रत्न से सम्मानित सचिन तेंदुलकर से मुलाकात कईले, जवना के बाद उ ट्वीट क बतवले कि, सचिन अवरू पेप्सिको मिलके महाराष्ट्र सरकार के सूखा से निपटे में मदद करी।

फडणवीस ट्वीट कईले कि, भारत रत्न सचिन तेंदुलकर से मिल के बहुत खुशी भईल। उ अवरू पेप्सी मराठवाड़ा में सूखा राहत खाती मिलकर एगो योजना बनावतारे। मराठवाड़ा राज्य में सूखा से सबसे जादा प्रभावित क्षेत्र में से एगो बा अवरू ताजा आधिकारिक आंकड़ा के मुताबिक औरंगाबाद, परभनी, बीड़, नांदेड़ अवरू उस्मानाबाद के सात प्रमुख बांध सूख गईल बा।

मालूम रहे कि, सचिन के अलावे बॉलिवुड अभिनेता आमिर खान, अक्षय कुमार नाना पाटेकर बहुत बड़ पैमाना प लोग के मदद खाती आगे आईल बाड़े। नाना पाटेकर बहुत समय से किसान के मदद करतारे।

  • Share on:
Loading...