एंड्रॉयड टैब अवुरी स्मार्टफोन संगे नोकिया के धमाकेदार वापसी

एंड्रॉयड टैब अवुरी स्मार्टफोन संगे नोकिया के धमाकेदार वापसी

एक समय मोबाइल बाज़ार के बादशाह रहल 'नोकिया' एक बेर फेर अपना किस्मत के आजमावे के तैयारी में बिया।

बहुत साल तक स्मार्टफोन के बाजार से बहरी रहला के बाद नोकिया अब फेर से वापसी करे खाती तैयार बिया। ताज़ा योजना के मुताबिक नोकिया अपना ब्रांड अवुरी तकनीक के एगो नाया कंपनी 'एचएमडी ग्लोबल' के दे दिही। ए करार के तहत बाजार में फेर से नोकिया के स्मार्टफोन त देखाई दिही लेकिन अबकी बेर ओकरा में 'एंड्रॉयड' ऑपरेटिंग सिस्टम होई।

जदी भारत के बाज़ार के बात कईल जाए त नोकिया ब्रांड से देश के जादेतर लोग के याद जुडल बा। एगो समय रहे जब मोबाइल बाजार में ए नाम के चुनौती देवे वाला केहु ना रहे। लेकिन समय के संगे जरूरी बदलाव ना भईला के चलते एकर चमक फीका पर गईल अवुरी अंत में कंपनी के बेचे के परल।

एचएमडी ग्लोबल संगे भईल करार के बारे में जानकारी देत नोकिया अपना आधिकारिक ब्लॉग में लिखलस, "आधुनिक बाज़ार के जरूरत के मुताबिक स्मार्टफोन अवुरी टैबलेट लेयावे खाती नोकिया, एचएमडी ग्लोबल संगे रणनीतिक ब्रांड अवुरी तकनीक लाईसेंस के करार करतिया।"

ए करार के बारे में जानकारी देत कंपनी एगो बयान कहलस कि, नोकिया अब एचएमडी ग्लोबल के हिस्सा होई, जेकरा बाद एचएमडी ग्लोबल 'नोकिया' ब्रांड के तहत फीचर फोन, स्मार्टफोन अवुरी टैबलेट के बाजार में पेश करी।

मालूम रहे कि नोकिया निहन एचएमडी ग्लोबल तक फिनलैंड कंपनी हटे अवुरी एकर सीईओ इहाँ से पहिले नोकिया में प्रमुख पद प रह चुकल बाड़े। इहे कंपनी अब माइक्रोसॉफ़्ट से नोकिया ब्रांड अवुरी ओकर फीचर फोन विभाग खरीदले बिया। ताज़ा करार के बाद एचएमडी ग्लोबल के निदेशक मण्डल में एक आदमी नोकिया के ओर से होई। ए स्थिति में इ देखल रुचिकर होई कि, एचएमडी ग्लोबल फेर से नोकिया के नाम शिखर तक पहुंचावता कि माइक्रोसॉफ़्ट निहन ओकरा के अवुरी गड़हा में ढकेल देता।

  • Share on:
Loading...