रविंद्र जडेजा, शेर के संगे फोटो खिंचावा के नीमन से फंस गईले

रविंद्र जडेजा, शेर के संगे फोटो खिंचावा के नीमन से फंस गईले

टीम इंडिया के ऑलराउंडर सर रविंद्र जडेजा अपना एगो फोटो के चलते विवाद में फंस गईल बाड़े। जडेजा प जंगल के कानून तुड़े के आरोप लागल बा।

जडेजा अपना पत्नी रीवा सोलंकी के संगे गुजरात के गिर अभ्या रण्यं घूमे गईल रहले। ए दौरान उ नियम के अनदेखा क शेर के संगे फोटो खिंचववले।

जडेजा घुमे के दौरान गाड़ी से निचे उतरले अवरू शेर के संगे फोटो खिंचववले। जबकी जंगल के कानून गाड़ी से निचे उतर के फोटो खींचे के ईजाजत ना देवेला। जडेजा वाइल्ड लाइफ प्रोटेक्शिन एक्ट के उल्लंोघन कईले बाड़े।

एने, गुजरात वन विभाग के संरक्षक कहले कि रविंद्र जडेजा कानून अवरू नियम के उल्लं घन कईले बाड़े, एहीसे उनुका खिलाफ जांच करावल जाई।

मालूम रहे कि, बारिश के मौसम में 15 जून से 16 अक्टूईबर के बीच गिर अभ्या रण्यज आम लोग खाती बंद क दिहल जाला। रविंद्र जडेजा आखिरी दिन 15 जून के गिर अभ्याडरण्यी घूमे खाती गईल रहले। मालूम रहे कि जडेजा एही साल 17 अप्रैल के अपना गर्लफ्रेंड रीवा के संगे बियाह कईले बाड़े।

  • Share on:
Loading...