केला त केला, ओकरा छिलका में बा हजारो गुण

केला त केला, ओकरा छिलका में बा हजारो गुण

आमतौर प लोग केला के गुण से अनजान रहेले। जदी अनजान ना रहीते त केला खईला के बाद ओकर छिलका कूड़ा-कचरा समझ के कतहू फेंक ना देते! लेकिन ए लेख में हमनी के केला के छिलका के गुण के बारे में जानल जाई अवुरी ओकर लाभ उठावल जाई।

चीन में भईल एगो शोध के मुताबिक, केला के छिलका में सेरोटोनिन हार्मोन के सामान्य बनावे के गुण होखेला। केला के छिलका में भरपूर मात्रा में पोषक तत्व अवुरी कार्बोहाइड्रेट होखेला। एकरा में विटामिन बी-6, बी-12, मैगनीशियम, कार्बोहाइड्रेट अवुरी पोटेशियम पावल जाला।

केला के छिलका में विटामिन-ए के मात्रा पावल जाला, जवन कि रोग से लड़े के क्षमता बढ़ावेला अवुरी संक्रमण से लड़े में मदद करेला। एकरा में एगो लुटीन नाम के चीज़ होखेला जवन कि मोतियाबिंद के रोके में मददगार होखेला।

केला के छिलका में मौजूद ल्यूटेन नामक एंटीऑक्सीडेंट हमनी के आंख के अल्ट्रा वायलेट किरण से रक्षा करेला। थकान महसूस होखे प पांच मिनट खाती छिलका के आंख पर राखी, आराम मिली। केला के छिलका चिंता दूर करे में भी मदद करेला। एकरा के पानी में उबाल के पानी पिए से बढ़िया महसूस करब।

जदी आपके दांत में पीलापन बा भा दांत से चमक कम हो गईल बा, त दांत के केला के छिलका से रगड़ी, फेर देखी कईसे आपके दांत मोती निहन चमक उठी।

आपन चमकत चेहरा केकरा ना निमन लागे। फेस पैक अवुरी स्क्रब के छोड़, चेहरा चमकावे खाती केला के छिलका उपयोग क के देखी। छिलका के गूदा (सफेद) वाला भाग के चेहरा के कील-मुंहासा प रगड़ी अवुरी तनिका देर बिना धोवले छोड़ दिही। फेरु देखी कईसन असर करता।

मस्सा हटावे में भी मदद करेला केला के छिलका। मस्सा प छिलका के मले से एक सप्ताह बाद मस्सा दब जाई।

जदी शरीर में दर्द होखता त उहाँ केला के छिलका लगावे से आराम मिलेला। एकरा के लगा के 30 मिनट तक छोड़ दिही। चाहे केतनों दर्द होखत होखे आपके जरूर आराम मिल जाई। सरसों के तेल में मिला के मालिस करे से भी दर्द से आराम मिलेला।

मच्छर काटे से खुजली होखत होखे भा कवनो तरह के निशान होखे त केला के छिलका के ओ जगह प रगड़ी। खुजली अवुरी दाग से आराम मिली। जदी कवनों कीड़ा-मकौड़ा काट लेले बा त ओह जगह प केला के छिलका के पीस के लगावे से आराम मिलेला।

केला के छिलका के चमड़ा के जूता, पर्स, बेल्ट अवुरी चाँदी के गहना-बरतन प रगड़े से ओकरा में चमक आवेला।

  • Share on:
Loading...