माइक्रोमेक्स 18,990 रुपया में 1TB मैमोरी वाला लैपटॅाप लॉन्च कईलस

माइक्रोमेक्स 18,990 रुपया में 1TB मैमोरी वाला लैपटॅाप लॉन्च कईलस

भारतीय कंपनी माइक्रोमैक्स दुगो नाया लैपटॉप लॉन्च कईले बिया। पहिला लैपटॅाप के नाम माइक्रोमैक्स इग्नाइट ह, जबकि दूसरा के नाम माइक्रोमेक्स एल्फा ह।

कंपनी, इग्नाइट सीरीज में लैपटॉप Ignite LPQ61 लॉन्च कईले बिया। ए लैपटॉप के दाम 18990 रुपया अवरू एकरा के सिर्फ फ्लिपकार्ट से किनल जा सकता।

विंडोज 10 ऑपरेटिंग सिस्टम प चले वाला इग्नाइट सीरीज में इंटेल पेंटियम प्रोसेसर्स दिहल बा। 14 इंच एचडी स्क्रीन वाला ए लैपटॉप में 4 कोर वाला 1.6GHz इंटेल पेंटियम प्रोसेसर दिहल बा, जवना के स्पीड 2.2GHz तक जा सकता।

एमे 4GB रैम अवरू 1TB के हार्ड डिस्क दिहल बा। एमे वीडियो कॉलिंग खाती एचडी वेबकैम अवरू नीमन आवाज़ खाती स्टीरियो स्पीकर्स दिहल बा।

कनेक्टिविटी खाती स्टैंडर्ड फीचर्स दिहल बा। एमे एचडीएमआई पोर्ट, 3.5mm ऑडियो जैक, इथरनेट, वाईफाई, यूएसबी पोर्ट अवरू माइक्रो एसडी कार्ड रीडर शामिल बा।

कंपनी के मुताबिक एल्फा सीरीज के ओ लोग खाती बनावल गईल बा, जवन लोग पहिला बेर लैपटॉप कीनिहे।

  • Share on:
Loading...