सबसे सस्ता स्मार्टफोन के बाद अब मात्र 9,900 रुपया में 31.5 इंच के HD LED टीवी

रींगिंग बेल्स शुक्रवार के घोषणा कईलस कि उ 15 अगस्त से 31.5 (साढ़े एकतीस) इंच के HD LED टीवी के बूकिंग शुरू करी। [सांकेतिक फ़ाइल फोटो]

रींगिंग बेल्स शुक्रवार के घोषणा कईलस कि उ 15 अगस्त से 31.5 (साढ़े एकतीस) इंच के HD LED टीवी के बूकिंग शुरू करी। [सांकेतिक फ़ाइल फोटो]

देश में सबसे सस्ता स्मार्टफोन, 'फ्रीडम 251' के बाज़ार में उतारे खाती मशहूर नोएडा के कंपनी – "रींगिंग बेल्स" शुक्रवार के घोषणा कईलस कि उ 15 अगस्त से 31.5 (साढ़े एकतीस) इंच के HD LED टीवी के बूकिंग शुरू करी।

कंपनी के ओर से जारी एगो बयान के मुताबिक 'कैश ऑन डेलीवेरी' में उपलब्ध 'फ्रीडम 9900 HD LED' टीवी के कीमत 9,900 रुपया बाटे अवुरी एकर डेलीवेरी 16 अगस्त से शुरू हो जाई।

बयान में कंपनी कहलस कि, "हमनी के मोबाइल फोन के मिलल प्रतिक्रिया के देखत आशा बा कि ग्राहक हमनी के टीवी के भी नीमन प्रतिक्रिया दिहे। हमनी के मकसद वर्तमान बाज़ार में सही कीमत प एगो नीमन उत्पाद उपलब्ध करावल बा।"

कंपनी के ओर दिहल जानकारी के मुताबिक 'फ्रीडम 9900' में 1366x768 पिक्सेल के रेज़ोल्यूशन बा जबकि कांट्रास्ट रैशियो 3000:1 के बाटे जबकि ए टीवी के 2 HDMI पोर्ट, 2 USB पोर्ट अवुरी 2 स्पीकर से लैस कईल बा।

रींगिंग बेल्स के संस्थापक अवुरी सीईओ मोहित गोयल के मुताबिक कंपनी अपना वादा के मुताबिक, ग्राहक के भरोसा के कायम राखत 70,000 'फ्रीडम 251' स्मार्टफोन के डेलीवेरी क चुकल बिया।

  • Share on:
Loading...