मात्र 3299 रुपया में 5MP कैमरा वाला स्मार्टफोन लांच भईल
- टीबीएच न्यूज़ |

सेलकॉन कंपनी आपन एगो बजट स्मार्टफोन मिलेन्निया यूफील लांच कईलस, जवना के दाम 3299 रुपया बा। बहुत लोग सोचेले कि जदी फोन सस्ता बा त इ नीमन ना होई, लेकिन ए फोन के संगे अयीसन नईखे।
इ फोन डबल सिम सपोर्ट करेला अवरू एकर स्क्रीन 5 इंच के बा। ए फोन में 1.2GHz क्वाड कोर स्प्रेडट्रूम एससी7731सी प्रोसेसर अवरू 1 जीबी रैम बा।
फोटोग्राफी खाती एमे एलईडी फ्लैश के संगे 5 मेगाफिक्सेल के पीछे वाला ऑटोफोक्स कैमरा दिहल बा। एकरा संगही एमे 3.2 मेगाफिक्सेल के आगे वाला कैमरा दिहल बा। एमे 8GB के मेमोरी दिहल बा, जवना जवना के 32 जीबी तक बढ़ावल जा सकता।
नीमन कनेक्टिविटी खाती एमे ब्लूटूथ, वाइ-फाइ, 3G जयीसन फीचर्स दिहल बा। इ फोन ब्लैक, गोल्डन अवरू सिल्वर रंग में उपलब्ध बा।
First Update: 19 August, 2016 03:56 PM