जदी आधार कार्ड बा त मात्र 1,700 रुपया में आईफोन – 7 आपके हो सकता

जदी आधार कार्ड बा त मात्र 1,700 रुपया में आईफोन – 7 आपके हो सकता

दुनिया के सबसे लोकप्रिय स्मार्टफोन आईफोन -7 के एपल पेश क चुकल बा, जल्दीए इ फोन भारत में उपलब्ध होई।

हालांकि ए फोन के दीवाना लोग के कमी नईखे अवुरी खरीददार आँख बिछा के एकर इंतज़ार में बाड़े, तबहूँ बहुत जादा आबादी अयीसन बिया जवन चाहत होखला के बावजूद एकरा के नईखे खरीद सकत। कारण बा ए फोन के दाम।

लेकिन, अगर इहे प्रीमियम सेगमेंट के फोन मात्र 1,700 रुपया में मिल जाए त शायद बहुत लोग एकरा के खरीद सकेले।

हालांकि बात हैरान करेवाली बिया लेकिन कुछ मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक आधार कार्ड धारक आईफोन-7 के मात्र 1,700 रुपया में सकेले।

बतावल जाता कि, आईफोन के निर्माता भारत में अपना बिक्री के बढ़ावे खाती बहुत बैंक संगे करार करतारे, जवना के मुताबिक आधारकार्ड धारक ए फोन के मात्र 1700 रुपया चुका के अपना संगे ले जा सकेले।

ध्यान रहे ए फोन के कीमत करीब 60,000 रुपया बा अवुरी बाकी रकम आपके किस्त में चुकावे के होई।

हालांकि शुरुआत में मात्र 1,700 रुपया देवे के बा, एहसे बहुत लोग एकरा के खरीदे के इच्छा रखले होई, लेकिन ध्यान देवे के बा कि बाकी रकम आपके किस्त में चुकावे के होई अवुरी एकरा खाती आपके लगे आधार कार्ड के होखल जरूरी बा।

  • Share on:
Loading...