अब मॉल, स्टेशन , कैफे, बस अड्डा जईसन जगह प मुफ्त वाई-फाई सेवा

अब मॉल, स्टेशन , कैफे, बस अड्डा जईसन जगह प मुफ्त वाई-फाई सेवा

गुड़गांव में मंगलवार के कंपनी के एगो कार्यक्रम में गूगल घोषणा कईलस कि, गूगल के जल्दी ही सार्वजनिक जगह जईसे मॉल्स, मेट्रो स्टेशन, कैफे, बस अड्डा अवुरी विश्विद्याल में वाई-फाई हॉट स्पॉट बनावे के योजना बा।

गूगल के उपाध्यक्ष सीजर सेनगुप्ता कहले कि इ नाया मंच विभिन्न तरह के भागीदार के संगे मिल के वाई-फाई हॉट स्पॉट बनावे में मदद करी, जेकरा में प्रणाली एकीकरण करे वाला, कवनो क्षेत्र जईसे कि मॉल अवुरी ए तरह के कुछ मालिक शामिल होंईहे। तकनीकी क्षेत्र के दिग्गज कंपनी माने जाए वाला गूगल कहलस कि गूगल स्टेशन के जरिए उ भारत के लाख लोग के वाई-फाई दिही।

गूगल फिलहाल भारत में 53 रेलवे स्टेशन प मुफ्त वाई-फाई देता। कंपनी के योजना ए साल के अंत तक कुल 100 स्टेशन प मुफ्त इंटरनेट उपलब्ध करावे के बा। गूगल के मुताबिक कंपनी रेलवे स्टेशन प दिहल जाए वाला इंटरनेट सुविधा के मॉनिटर करे के योज़ना भी बना रहल बिया। कंपनी संगही बतवलस कि एकर गूगल असिस्टेंस सेवा जल्दी ही हिन्दी में भी उपलब्ध होई। गूगल एकरा के आपन प्रतिद्वंदी कंपनी ऐपल के Siri अवुरी माइक्रोसॉफ्ट के Cortana के टक्कर में बाजार में उतरले बिया।

गूगल कहलस कि ओकर नाया मैसेजिंग ऐप Allo के प्रयोग करे वाला भारत पहीला देश होई। गूगल ए ऐप के निर्माण फेसबुक के स्वामित्व वाली लोकप्रिय मैसेजिंग सेवा WhatsApp के टक्कर देवे खाती कईले बा।

कंपनी के उपाध्यक्ष सेनगुप्‍ता एगो बयान जारी क कहले कि, 'गूगल के मकसद लोग के अपना घर से कुछ दूर चलला के बाद हॉट स्पॉट उपलब्ध करावे के बा। जवना से उ आसानी से लॉग इन प्रॉसेस के जरिए काम क सकस।' कंपनी एकरा खाती ढांचा बनावे प काम करतिया।

सेनगुप्ता बतवले कि भारत में हर घंटा 10 हजार से जादा लोग पहीला बेर इंटरनेट के उपयोग करतारे। एकरा बावजूद उनुका के कम पावर वाला फोन, 2जी कनेक्शन अवुरी बहुत कम डाटा जईसन बहुत परेशानी के सामना करे के परता। पछिला साल सितंबर में 400 भारतीय रेलवे स्टेशन प वाई-फाई सेवा शुरू करे के घोषणा करे के बाद कंपनी एकर विस्तार के योजना बनवले बिया।

  • Share on:
Loading...