लाइफ विंड 4एस - जानदार बैटरी आ शानदार फीचर से लैस 4जी स्मार्टफोन

लाइफ विंड 4एस के सबसे प्रमुख खासियत एकर 4000 mAh के बैटरी बिया।

लाइफ विंड 4एस के सबसे प्रमुख खासियत एकर 4000 mAh के बैटरी बिया।

उपभोक्ता के कम दाम में आकर्षक फीचर से लैस स्मार्टफोन उपलब्ध करावे में कोशिश में मुकेश अंबानी के रिलायंस रिटेल अपना लाइफ ब्रांड के तहत एगो नाया स्मार्टफोन लॉन्च कईलस।

'लाइफ विंड 4एस' नाम से पेश ए नाया स्मार्टफोन के कीमत 7,699 रुपया बा अवुरी इ रिलायंस डिजिटल के अलावे देशभर के खुदरा बिक्रेता के इहाँ उपलब्ध होई।

जदी फीचर के बात कईल जाए त करिया (ब्लैक), भूअर (ब्राउन) अवुरी नीला (ब्लू) रंग के विकल्प में पेश लाइफ विंड 4एस के सबसे प्रमुख खासियत एकर 4000 mAh के बैटरी बिया।

एकरा में डीटीएस तकनीक से लैस स्पीकर, 5 इंच के HD IPS डिस्प्ले अवुरी क्वाड-कोर क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 210 प्रोसेसर के इस्तेमाल भईल बा। ए फोन में 2 GB रैम बा जबकि इंटरनल स्टोरेज 16 GB के बाटे, जवना के microSD कार्ड के मदद से 128 GB तक बढ़ावल जा सकता।

डबल सिम आ एंड्रॉयड 5.1 लॉलीपॉप प चलेवाला ए फोन के प्रमुख कैमरा 8 MP के बा जबकि फ्रंट कैमरा 5 MP के बाटे। दुनो कैमरा HD विडियो रिकॉर्ड करे में सक्षम बा।

नेटवर्क के बात कईल जाए त 4G फ़ीचर से लैस ए स्मार्टफोन में एक समय प सिर्फ एक सिम के स्लॉट के 4जी नेटवर्क में इस्तेमाल कईल जा सकता। फोन के बाकी फीचर में वाई-फाई, ब्लूटूथ अवुरी माइक्रो-यूएसबी पोर्ट जईसन आजकल के आम फीचर बा।

  • Share on:
Loading...