दीपा कर्माकर के सचिन के हाथ से मिलल कार मंज़ूर नईखे!

दीपा कर्माकर के सचिन के हाथ से मिलल कार मंज़ूर नईखे!

रियो ओलंपिक में अपना शानदार प्रदर्शन से देश के दिल जीते वाली जिमनास्ट दीपा कर्माकर, रख-रखाव के चलते तोहफा में मिलल बीएमडब्ल्यू कार वापस लवटावे के फैसला कईली।

ओलंपियन पहलवान साक्षी मलिक, बैंडमिंटन क्वीन पीवी सिंधु अवरू जिमनास्ट दीपा कर्माकर के महान क्रिकेटर सचिन तेंदुलकर एगो समारोह में अपना हाथ से इ बीएमडब्ल्यू कार देले रहले। हैदराबाद बैडमिंटन संघ के अध्यक्ष चमुंडेश्वरनाथ सितंबर में ए खेलाडी लोगन के रियो ओलंपिक में शानदार प्रदर्शन खाती इ कार तोहफा में देले रहले।

दीपा कर्माकर के परेशानी इ बा कि उ अगरलता जयीसन छोट शहर में रहेली अवरू उहाँ एतना महंगा कार के सर्विस सेंटर नईखे। दूसर परेशानी इहों बा कि उ शहर के सड़क ए कार लायक नईखे।

दीपा के अगिला सफर जर्मनी में चैलंजर्स कप में शामिल होखे के बा अवरू उनुका के सलाह दिहल गईल कि उ ए महंगा कार में घूमे के बजाए अपना खेल प ध्यान देस।

दीपा के कोच के कहनाम बा कि, कार लवटावे के फैसला पूरा परिवार के बा। दीपा कार के असली मालिक हैदराबाद बैडमिंटन संघ के अध्यक्ष चमुंडेश्वरनाथ के इ कार लवटावल चाहतारी।

  • Share on:
Loading...