सर्जिकल स्ट्राइक से पाकिस्तानी राजनीति में भूचाल, मरयम विरोधी दल के नेता प 10 अरब के दावा ठोकली

सर्जिकल स्ट्राइक से पाकिस्तानी राजनीति में भूचाल, मरयम विरोधी दल के नेता प 10 अरब के दावा ठोकली

पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज़ शरीफ के बेटी मरयम नवाज़ शरीफ अपना प लगावल आरोप के खिलाफ इमरान खान के पार्टी 'पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ' (पीटीआई) के महासचिव नईम-उल-हक़ के प दस अरब रुपया के दावा ठोकत परिवाद नोटिस भेजे के फैसला कईले बाड़ी।

पाकिस्तान रेडियो के ओर से जारी एगो प्रेस रिलीज में शरीफ परिवार के प्रवक्ता कहले कि, नईम-उल-हक़ पाकिस्तान के सुरक्षा से जुडल एगो बैठक के जानकारी के मीडिया के देवे के आरोप मरयम नवाज़ शरीफ प लगवले बाड़े।

शरीफ परिवार के प्रवक्ता कहले कि, "या त नईम-उल-हक़ तुरंत माफी मांगस ना त कानूनी कार्रवाई खाती तैयार रहस।"

मालूम रहे कि भारत के ओर से भईल सर्जिकल स्ट्राइक के बाद पाकिस्तान के प्रमुख अंग्रेज़ी अखबार 'द डॉन' एगो रिपोर्ट में दावा कईले रहे कि, पाकिस्तान सरकार एगो उच्च स्तरीय बैठक में भारत के सर्जिकल स्ट्राइक के बाद पैदा भईल स्थिति के चर्चा कईलस।

अखबार लिखले रहे कि, बैठक में मौजूद लोग कहले कि जदी पाकिस्तान अभियो आतंकवाद के समर्थन बंद ना करी त ओकर हालत अवुरी खराब हो जाई। ए बैठक में पाकिस्तान सरकार कबूल कईले रहे कि आतंकवाद के मुद्दा प पूरा दुनिया में अलग-थलग हो गईल बा अवुरी भारत के सर्जिकल स्ट्राइक से ओकर हालत अवुरी खराब हो गईल बा।

एही मामला में दु दिन पहिले पाकिस्तान के सूचना प्रसारण मंत्री के पद से हटा दिहल बा। उनुका प लापरवाही करे अवुरी खबर रुकवावे में नाकाम रहे के आरोप बा।

मरयम के मामला भी एही बैठक से जुडल बा अवुरी पाकिस्तान के प्रमुख विपक्षी दल के ओर से उनुका प सुरक्षा बैठक के जानकारी मीडिया में लीक करे के आरोप लगावल बा।

  • Share on:
Loading...