भाजपा सांसद, टीम इंडिया में दलित आरक्षण के मांग कईले

भाजपा सांसद उदित राज इंडियन क्रिकेट टीम में दलित खाती आरक्षण के मांग कईले।

भाजपा सांसद उदित राज इंडियन क्रिकेट टीम में दलित खाती आरक्षण के मांग कईले।

भाजपा सांसद उदित राज इंडियन क्रिकेट टीम में दलित खाती आरक्षण के मांग कईले। सांसद कहले कि, जे तरे साउथ अफ्रीका क्रिकेट टीम में सरकार पांच करिया खेलाडी के आरक्षण के प्रावधान कईले बिया, ओहि तरे भारतीय क्रिकेट टीम में अयीसन व्यवस्था लागू करे के चाही।

उत्तर-पश्चिम दिल्ली से भाजपा के सांसद उदित राज कहले कि, उ राष्ट्रीय खेल के टीम में दलित के आरक्षण देवे जाए के बारे में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवरू राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी के चिट्ठी लिखिहे। उ कहले कि, क्रिकेट के संगे-संगे सव राष्ट्रीय टीम में दलित के आरक्षण मिले के चाही।

दलित नेता उदित राज आर्मी में दलित रेजीमेंट होखे के वकालत कईले। उ कहले कि, जे तरे सेना में जाट, सिख अवरू राजपूत रेजीमेंट बा, ओहि तरे दलित रेजीमेंट होखे के चाही।

तरक़्क़ी में आरक्षण के मामला प भाजपा नेता, बसपा प्रमुख मायावती प राजनीति करे के आरोप लगवले। उ कहले कि, उ तरक़्क़ी में आरक्षण लागू करे के मांग सरकार से करीहे।

प्राइवेट क्षेत्र में दलित के आरक्षण खाती सांसद उदित राज संसद निजी सदस्य विधेयक पेश क चुकल बाड़े। उ बतवले कि, 28 नवंबर के उनुकर निजी सदस्य बिल लोक सभा में आई।

  • Share on:
Loading...