एक सैनिक के बदला भारत के तीन सैनिक के मारल जाई : पाकिस्तान

पाकिस्तान के रक्षा मंत्री खवाज़ा आसिफ शुक्रवार के पाकिस्तान के संसद में कहले कि, भारत के गोली से मरेवाला हरेक पाकिस्तानी सैनिक के जवाब में भारत के तीन सैनिक के मौत होई।

पाकिस्तान के रक्षा मंत्री खवाज़ा आसिफ शुक्रवार के पाकिस्तान के संसद में कहले कि, भारत के गोली से मरेवाला हरेक पाकिस्तानी सैनिक के जवाब में भारत के तीन सैनिक के मौत होई।

भारत के सैनिक कार्रवाई के खिलाफ काड़ा जवाब देवे के भरोसा देत पाकिस्तान के रक्षा मंत्री खवाज़ा आसिफ शुक्रवार के पाकिस्तान के संसद में कहले कि, भारत के गोली से मरेवाला हरेक पाकिस्तानी सैनिक के जवाब में भारत के तीन सैनिक के मौत होई।

पाकिस्तानी रक्षा मंत्री के प्रमुख दावा

  • हरेक पाकिस्तानी सैनिक के बदला भारत के तीन सैनिक के मारल जाई
  • नरेंद्र मोदी सरकार चुनाव जीते खाती जानबूझ के नियंत्रण रेखा प तनाव पैदा करतिया
  • भारत, पाकिस्तान में आतंकी कार्रवाई के बढ़ावा देता
  • चीन पाकिस्तान आर्थिक गलियारा से भारत डेरा गइल बा

पाकिस्तान के रक्षा मंत्री कहले कि, जदी भारत, पाकिस्तान प हमला करता त एकर भारी कीमत भारत के चुकावे के होई।

भारत के नरेंद्र मोदी सरकार प चुनाव जीते खाती जानबूझ के नियंत्रण रेखा प तनाव पैदा करे से आरोप लगावत आसिफ कहले कि भारत, पाकिस्तान में आतंकवाद के बढ़ावा देता अवुरी ए मामला में पाकिस्तान लगे बहुत सबूत बा।

आसिफ कहले – "हमनी के ओर से संयुक्त राष्ट्र समेत अलग-अलग देश के विडियो अवुरी दस्तावेज़ भेजल बा, जवना से साबित होखता कि पाकिस्तान में आतंकवाद के बढ़ावा देवे में भारत के हाथ बाटे।"

उ कहले कि, भारत जानबूझ के चीन पाकिस्तान आर्थिक गलियारा परियोजना में बाधा पैदा करता। पाकिस्तान के रक्षा मंत्री आरोप लगवले कि, भारत के डर बा कि जदी इ परियोजना पूरा हो गइल त पाकिस्तान आगे बढ़ जाई।

आर्थिक मामला में भारत के मजबूती के कबूल करत पाकिस्तान के रक्षा मंत्री कहले कि, एक बेर चीन पाकिस्तान आर्थिक गलियारा पूरा हो जाए त पाकिस्तान आगे निकल जाई।

हालांकि, उ कहले कि पाकिस्तान क्षेत्र में शांति बहाली के प्रयास करी अवुरी भारत के कवनो उकसावा में ना आई।

  • Share on:
Loading...