लेनोवो 4050 एमएएच के बैटरी के संगे फैब 2 के भारत में लॉन्च कईलस

लेनोवो 4050 एमएएच के बैटरी के संगे फैब 2 के भारत में लॉन्च कईलस

लेनोवो कंपनी फैब 2 (Phab 2) स्मार्टफोन भारत में लॉन्च क दिहलस। एकर दाम 11,999 रुपया बा। गनमेटल ग्रे अवरू शैंपेन गोल्ड कलर विकल्प में आईल इ फोन सिर्फ फ्लिपकार्ट के माध्यम से ऑनलाइन किनल जा सकता।

एह फोन में 6.4 इंच आईपीएस डिस्पले दिहल गईल बा। ए फोन में 1.3GHz मीडियाटेक प्रोसेसर, 3GB रैम अवरू विडियो देखे अवरू गेम खेले खाती माली एम720 एमपी2 जीपीयू ग्राफिक्स कार्ड दिहल बा।

फैब 2 में 32GB के इंटरनल मेमोरी बा, जवना के माइक्रोएसडी कार्ड के मदद से 256GB तक बढ़ावल जा सकता। लेनोवो फैब 2 के पछिला कैमरा 13 मेगापिक्सेल के बा, जबकि फ्रंट कैमरा 5 मेगापिक्सेल के बाटे।

डबल सिम वाला ए फोन में हाइब्रिड स्लॉट बा, जवना के इस्तेमाल दूसरका सिम कार्ड चाहे मेमोरी कार्ड लगावे खाती हो सकता।

कनेक्टिविटी खाती ए फोन में 4जी VoLTE, वाई-फ़ाई 802.11, ब्लूटूथ 4.0, जीपीएस अवरू माइक्रोयूएसबी 2.0 पोर्ट नीहन सुविधा दिहल बा। एकरा संगही फोन में 4050 एमएएच के बैटरी बा।

  • Share on:
Loading...