गर्भावस्था के दौरान चाय पीये से घंटा भर पहिले अवुरी घंटा भर बाद कुछ चीज़ से परहेज करे के चाही

गर्भावस्था के दौरान चाय पीये से घंटा भर पहिले अवुरी घंटा भर बाद कुछ चीज़ से परहेज करे के चाही

कहल जाला कि नारी संपूर्ण तब होखेले जब उ महतारी बनेले। एही के चलते नारी के जगत जननी अवुरी सृष्टि के रचयिता कहल बा। लेकिन ए कड़ी में गर्भ एगो खास पड़ाव होखेला। महिला के गर्भ के हालत में कुछ चीज़ प खास ध्यान देवे के पडेला, जवना में से खानपान जादे खास बा।

गर्भवती महिला ए अवस्था में जवन चीज़ खालि, उहे उनुका गर्भ में पोसात बच्चा के मिलेला, एहसे जरूरी बा कि ए हालत में उ अपना खानपान प खास ध्यान देस अवुरी सिर्फ उचित अवुरी पौस्टिक भोजन करस।

गर्भावस्था में विटामिन 'डी' के कमी होखला प पैदा होखेवाली संतान रोगी हो सकेले

ए स्थिति में कवनो महिला के साधारण स्थिति से 760 मिलीग्राम ज्यादा आयरन के जरूरत पड़ेला, एकरे से बच्चा के पाचनतंत्र अवुरी ओकरा दिमाग के विकास होखेला। लेकिन चाय पीये के एक घंटा बाद चाहे एक घंटा पहिले जादे आयरन वाला भोजन ना करे के चाही। खास तौर प मांसाहारी महिला के चाय पीये से एक घंटा पहिले चाहे एक घंटा बाद तक मांस, मुर्गा, मछली समेत मेवा-मिश्री के सेवन ना करे के चाही।

शरीर में आयरन के जरूरत के पूरा करे खाती विटामिन सी से भरपूर फल के भोजन के संगे चाहे भोजन के बाद सेवन करे के चाही।

गर्भावस्था में व्रत में रखेवाली महिला के ध्यान राखे लायक कुछ बात

गर्भावस्था के दौरान बच्चा अवुरी गर्भनाल के विकास खाती जरूरी प्रोटीन से भरपूर भोजन के सेवन से हूल (उल्टी) अवुरी थकान के दूर करे में मदद मिलेला। कवनो महिला के कतना प्रोटीन के जरूरत बा एकर फैसला ओकरा वजन प निर्भर बा। दाल, अंडा, दूध, बोरो-बीन्स, मूँगफली अवुरी मूंग प्रोटीन के नीमन स्रोत मानल जाला।

महतारी के खून में कैल्शियम के कमी होखला प जन्म लेवे वाला बच्चा के हड्डी कमजोर हो सकता। बच्चा के दिल, नस अवुरी मांसपेशी के विकास महतारी के खून में मिलेवाला कैल्शियम प निर्भर करेला, एहसे गर्भावस्था के दौरान रोज कम से कम 200 मिलीग्राम कैल्शियम भोजन के संगे शरीर में जाए के चाही।

गर्भ के समय खानपान में कुछ चीज़ से परहेज़ जरूरी

कम चर्बी वाला चीज़ जईसे कि दूध, पनीर, दही, मछली, अंकुरल अनाज, रोटी, साबूत बादाम, संतरा, अखरोट अवुरी पत्ता वाला हरिअर सब्जी में भरपूर मात्रा में कैल्शियम मिलेला।

एह सब चीज़ के ध्यान रखला प गर्भ के दौरान महिला के खानपान से जुडल तमाम परेशानी के दूर कईल जा सकता।

  • Share on:
Loading...